Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सीवान में वज्रपात से नाबालिग के मौत: खेत से मवेशियन के ले आवे के दौरान गिरल ठनका, मवका पs गइल जान

461

सुक के सांझ में तेज बादल गरजला के संगे झमाझम बरखा भइल। बरखा के दौरान खेत से गाय ले आवे गइल एगो किशोर आकाशीय बिजली के चपेट में आ गइल। जेमे ओकर मृत्यु हो गइल बा। घटना दारौंदा थाना क्षेत्र के मदारीचक अमरूहा के हs।

मृतक के पहचान मदारीचक अमरुहा निवासी संतोष सिंह के 16 साल के लईका अंकित कुमार सिंह के रूप में भइल बा। सांझ के करीब 4:00 बजे आसमान में करिया बादल छा गइल। बरखा होखे के आशंका के बीच अंकित खेत में चरे गइल गाय के ले आवे चल गइल।

खेत से मवेशियन के ले आवे के दौरान गिरल ठनका

एही बीच तेज बादल गरजला के संगे झमाझम बरखा सुरू हो गइल। गाय ले आवे के दौरान अंकित के ऊपर आकाशीय बिजली गिर गइल। जेमे अंकित गंभीर रूप से झुलस गइल। काफी देर तक अंकित जब वापस अपना घरे ना लवटल तs परिजन ओकरा के ढूंढत खेतन के तरफ गइल लो तs देखल लोग कि ऊ खेतन में गिरल पड़ल बा।

परिजन लोग देखल कि ओकरा देह में कवनो तरे के कवनो हलचल नइखे हो रहल तs आसपास के लोगन के आवाज लगावल। आसपास के लोग जब गइल तs देखल ओकर मृत्यु हो चुकल बा। एह घटना के बाद समूचा परिजनन के रो रो के बुरा हाल हो रहल बा। फिलहाल ओकर शव के पोस्टमॉर्टम खातिर सीवान के सदर अस्पताल में ले आवल गइल बा। मृतक दु भाई आ एक बहिन में सबसे छोट रहे। अंकित दसवीं के छात्र रहे।

का कहत बाड़ें अंचलाधिकारी

एह संबंध में दरौंदा अंचलाधिकारी दीनानाथ कुमार कहलें कि पीड़ित परिजनन के आपदा के तहत मुआवजा राशि दिहल जाई।

599070cookie-checkसीवान में वज्रपात से नाबालिग के मौत: खेत से मवेशियन के ले आवे के दौरान गिरल ठनका, मवका पs गइल जान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.