[the_ad_group id="30365"]

मशरक में जहरीला शराब कांड से चरचा में आइल मशरक थाना परिसर में 55 लाख रुपिया के शराब आ स्प्रिट के भइल विनष्टीकरण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

धर्मेंद्र कुमार सिंह/मशरख(सारण): मशरक में जहरीला शराब कांड से चरचा आइल मशरक थाना परिसर में चौतीस काण्डन में जब्त अंग्रेजी शराब आ देशी शराब के विनष्टीकरण कइल गइल।

विनिष्टीकरण शराब के मूल्य करीब 55 लाख रूपिया के होई। मशरक थाना परिसर में चौतीस काण्डन में जब्त 2689 लीटर शराब के विनिष्टीकरण कइल गइल बा। ओहिजा शराब बंदी से पहिले के स्प्रिट दु सौ लीटर ड्रम में 7466 लीटर स्प्रिटो के विनष्ट कइल गइल।

मवका पs छपरा उत्पाद विभाग एसआइ अशोक कुमार, मशरक थाना के एएसआई भृगुनाथ सिंह, मालखाना प्रभारी दारोगा प्रमोद कुमार के मवजदूगी में शराब विनष्टीकरण कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]