[the_ad_group id="30365"]

अमरोहा में पड़ाका के फैक्टरी में विस्फोट, पेड़ पर टंगल टीन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमरोहा के गजरौला में आतिशबाजी बनावे के फैक्टरी में धमाका हो गइल। विस्फोट में फैक्टरी स्वामी सहित तीन लोग घाही हो गइलें। विस्फोट एतना जबर्दस्त रहल कि टीन के चादर 20 फीट ऊंच उड़ के पेड़ पर जा के टंगा गइल। विस्फोट से फैक्टरी के देवाल माटी में मिल गइल।

सूतल अल्लीपुर भूड़ के लोग अचानक तेज विस्फोट से घबराकर जगलें। क्रिकेट मैच देख रहल युवक दहशत के चलते घर से निकल अइलें। घायलन के निकट के निजी अस्पताल में भर्ती करावल गइल। लेखपाल मौका पर जा के जांच कइलस। एसडीएम, सीओ मौका पs जा के फैक्टरी में विस्फोट के जानकारी लेहलें।

गजरौला में अल्लीपुर भूड़ से दक्खिन दिशा में सादुल्लापुर से हसनपुर के तरफ जाए वाले रास्ता पs बीतल चार साल से चल रहल पड़ाका के फैक्टरी के लाइसेंस हापुड़ के मोती कालोनी निवासी सुभान पुत्र नईम के नाम हवे। लोग बतावल कि ई फैक्टरी चार साल से इहां पर चल रहल बा। पहिले ई फैक्टरी हापुड़ में चलत रहे।

अल्लीपुर भूड़ निवासी युवा तनिष्क, रोहित, मोनू, चेतन बतवलें कि ऊ शुक्क के रात 11 बजे भारत अउरी ऑस्ट्रेलिया के बीच चल रहल क्रिकेट मैच देखत रहलें। एही दौरान तेज धमाका के आवाज आइल। स्थानीय सभासद विनोद गुर्जर, भाजपा मंडल अध्यक्ष डाक्टर उत्तम सिंह प्रजापति, प्रताप सिंह, सोमपाल सिंह, जोगेश जाटव, अखिलेश, दीपक, तेजवीर सैनी, पवन रूपेंद्र, अशफाक, आदि के कहनाम बा कि ऊ रात गहिर अउघी में सूतल रहले। तेज विस्फोट के चलते उनकर आंख खुल गइल।

आस पास के लोग से जानकारी लिहलें कि का माजरा हवे। पता चलल कि पड़ाका बनावे वाली फैक्टरी में विस्फोट हो गइल बा। विस्फोट में घाही भइल लोग के अस्पताल में भर्ती करावे ले जाइल जा रहल बा। एकरे बाद घटना पर जा के देखले से पता चलल कि विस्फोट होखले से फैक्टरी के देवाल माटी में मिल गइल।

ऊपर डालल गइल टीन के चादर उड़ के पेंड पर टंगा गइल। एकर सूचना लेखपाल हेमंत कुमार, थाना पुलिस अउरी एसडीएम के देहल गइल। आतिशबाजी के फैक्टरी में आग लगले के खबर पा के लेखपाल, चौपला चौकी के पुलिसकर्मी लोग मौका पर जा के जानकारी लीहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]