[the_ad_group id="30365"]

गोरखनाथ मन्दिर में सुरक्षा कर्मियन पर हमला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रविवार के देर साँझ एगो सिरफिरा गोरखनाथ मंदिर पर तैनात पीएसी जवानन पर धारदार हथियार से हमला बोल देहलस। अचानक भइल एह हमला में दू जवान घायल हो गइने।

गोरखपुर के गोरखनाथ मंदिर गेट पर तैनात पीएसी जवानन पर हमला करे वाला अहमद मुर्तुजा अब्‍बासी देर ले पुलिसवालन के छकवलस। एह दौरान पुलिसवाले काफी धैर्य बनवले रखने। मुर्तुजा पीएससी जवानन पर हमले के बाद हाथ में धारदार हथियार लेहले दहशत फइलवले रहल। एह दौरान कुछ स्‍थानीय लोग मदद कइल अउर आखिरकार ओहपर काबू पा लेहल गइल।

अल्ला-हू-अकबर के नारा लगाके कइले रहल गोरखनाथ मंदिर में घुसले के प्रयास

रविवार देर साँझ गोरखनाथ मंदिर में दू हमलावर अल्ला हू अकबर के नारा लगावत गोरखनाथ मंदिर में घुसले के प्रयास कइलस। रोकले पर ऊ सुरक्षा कर्मियन पर हमला बोल देहलस। सुरक्षा कर्मी हमलावर के पकड़ लेहनस। पकड़ल गइल हमलावर के लग्गे लैपटाप, पैन कार्ड अउर एयरलाइंस के टिकट बरामद भइल बा। घटना के बाद गोरखनाथ मंदिर के सुरक्षा व्यवस्था टाइट कs देहल गइल बा|

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]