[the_ad_group id="30365"]

गोपालगंज 25 मई के छठा चरण में लोकसभा चुनाव : 20 लाख वोटर तय करी लो प्रत्याशियन के भविष्य, 29 अप्रिल के जारी होई सूचना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जिलाधिकारी मो. मकसूद आलम प्रेस वार्ता कs के बतवलें कि निर्वाचन आयोग के ओर से लोकसभा चुनाव के लेके घोषणा के संगही पूरा भारत में आदर्श आचार संहिता लागू कs दिहल गइल बा। गोपालगंज जिला में 29 अप्रिल के सूचना जारी कइल जाई। नाम देवे आ पत्र दाखिल करे खातिर छव मई अंतिम तिथि निर्धारित कइल गइल बा। ओहिजा, सात मई के समीक्षा होई आ नौ मई तक सब उम्मीदवार नाम वापस ले सकी लो आ 25 मई के मतदान होई। एकरा बाद चार जून के मतगणना कइल जाई आ छह जून के निर्वाचन प्रक्रिया पूरा हो जाई।

ऊ आगे कहलें कि गोपालगंज में छठा चरण में मतदान होई। विधानसभा के मोताबिक सहायक निर्वाचन पदाधिकारी बनावल गइल बा लो। एमे सदर अनुमंडल में भूमि सुधार आ उप समाहर्ता, उप विकास आयुक्त, अनुमंडल पदाधिकारी, अपर समाहर्ता, जिला पंचायत राज पदाधिकारी, जिला परिवहन पदाधिकारी, जिला भू अर्जन पदाधिकारी आ हथुआ अनुमंडल में भूमि सुधार उप समाहर्ता आ अनुमंडल पदाधिकारी सामिल बा लो।

चुनाव में कुल 20 लाख 10 हजार 682 मतदाता मतदान करी लो। एमे बैकुंठपुर विधानसभा में 171115 महिला, 164611 पुरुष आ आउर 11 लोग बा। बरौली में 159670 पुरुष, 255207 महिला आ आउर 15 लोग बा। गोपालगंज विधानसभा में 173929 पुरुष, 170954 महिला आ आउर सात लोग बा।

भोरे विधानसभा में 183726 पुरुष, महिला 178752 आ आउर 13 लोग बा। हथुआ विधानसभा में पुरुष 162882, महिला 157988 आ आउर सात लोग बा। कुचायकोट विधानसभा में पुरूष 169311, महिला 162457 आ आउर 27 लोग बा। मतदान खातिर जिला में 2005 मतदान केंद्र बनावल जाएई। जबकि 245 सेक्टर मजिस्ट्रेट के नियुक्ति होई आ सुरक्षा बेवस्था खातिर 25 कंपनी के मांग कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]