[the_ad_group id="30365"]

हथियारन के भौतिक सत्यापन के अंतिम मवका : 23 मार्च तक करा सकत बानी सत्यापन, ना करवला पs लाइसेंस होई रद्द

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लोकसभा चुनाव के धेयान में रखत सारण में प्रशासनिक तइयारियन के तेज कs दिहल गइल बा। शस्त्र अनुज्ञप्ति धारियन के भौतिक सत्यापन खातिर अंतिम मवका दिहल गइल बा। पहिले से जारी आदेस के अनुसार 20 फरवरी से लेके 29 फरवरी के बीच शस्त्र के भौतिक सत्यापन करावे के रहे, बाकिर सत्यापन में कइयन लोगन के छूट गइला से अंतिम मवका दिहल गइल बा। अब 23 मार्च तक सब लोग अपना हथियार के भौतिक सत्यापन करा सकत बा लो। हथियारन के सब थाना में भौतिक सत्यपान करावल जाई।

एकरा खातिर सब थाना में दंडाधिकारी के प्रतिनियुक्ति कइल गइल बा। सब हथियार लाइसेंस धारकन के भौतिक सत्यापन करावल अति जरुरी बा। भौतिक सत्यापन ना करावल गइला पs हथियार के जब्त करत आगे के कार्रवाई कइल जाई।

डीएम थानाध्यक्षन के सउपलें जिम्मेदारी

जिला अधिकारी अमन समीर के निरदेस पs सब थाना में दंडाधिकारी आ थाना अध्यक्ष के जिम्मेदारी सउपल गइल बा। थाना परिसर मे प्रतिदिन थाना अध्यक्ष आ प्रतिनियुक्त दंडाधिकारी थाना परिसर मे शस्त्र के भौतिक सत्यापन करिहें। सुबह के 10:00 बजे से लेके संध्या चार बजे तक शस्त्र सत्यापन होई।

शस्त्र के सत्यापन के बाद 24 मार्च के सब दंडाधिकारी, जिला अधिकारी के सत्यापित शस्त्रन के सूची उपलब्ध करइहें। संगही सब अनुज्ञप्तिधारी शस्त्रधारियन के अंतिम मवका दिहल गइल बा  कि 23 मार्च तक आपन शस्त्र के भौतिक सत्यापन करा लीं ना तs शस्त्र अवैध करार दिहल जाई।

सब थाना में प्रतिनियुक्त दंडाधिकारी

एकमा, जनता बाज़ार, बनियापुर, दाउदपुर, मांझी, कोपा, रिवीलगंज, नगरा, मढौरा, इसुआपुर, मशरख,तरैया, मकेर, पानापुर, भेल्दी, अमनौर, गड़खा, डोरीगंज, अवतारनगर, दिघवारा, नयागांव, दरियापुर, परसा, सोनपुर सहित आउर सब थाना में सत्यापित करे के होई। सत्यापन के दौरान थानाध्यक्ष के संगे सीओ आ बीडीओ मवजूद रहे लो। समय पs हथियार के सत्यापन ना करावल गइला पs लाइसेंस धारी पs कार्रवाई करत हथियार के सील आ लाइसेंस रद्द करे के प्रकिया सुरू कs दिहल जाई। साभार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]