[the_ad_group id="30365"]

Google प्ले-स्टोर से हटवलस चार गो खतरनाक एप्स, रउओ तुरंत करीं डिलीट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जोकर मैलवेयर के बारे में रउरा सभे के मालूम होखे के चाहीं। एकर पहिला पहचान 2017 में भइल रहे। साल 2019 में गूगल एगो ब्लॉग पोस्ट कइलस जवना में लोग के चेतावल गइल रहे। ओह में बतावल गइल रहे कि जोकर मैलवेयर से कइसे बचे के चाहीं। अब ई जोकर मैलवेयर फेर से वापस आ गइल बा। जोकर मैलवेयर चार गो एंड्रॉयड मोबाइल ऐप में मिलल बा जवना के लाखन यूजर डाउनलोड कइले बाड़े। गूगल एह चार गो ऐप के गूगल प्ले स्टोर से हटा दिहले बा. आईं एह एप्स के बारे में जानल जाव…

जोकर मैलवेयर ऐपन के नाम बा

सुरक्षा शोधकर्ता कंपनी Pradeo एह ऐप्स के बारे में जानकारी देले बिया। एह ऐप्स के Smart SMS  Messages, Blood Pressure Monitor, Voice Languages Translator आ Quick Text SMS  के रूप में पहचानल गईल बा। जदि आपके फोन प एह सभ में से कवनो ऐप बा तs तुरंत ओकरा के डिलीट क देवे के चाही। एक लाख से जादा लोग एह ऐप्स के डाउनलोड कs चुकल बाड़े। एह सभ ऐप्स में जोकर मैलवेयर बा।

इ सभ ऐप्स यूजर के फोन पs आवे वाला सभ नोटिफिकेशन अउरी मैसेज के पढ़त आ स्टोर करत रहे। सबसे जरूरी बा कि इ मैलवेयर फोन में आपन पहचान ना छोड़े। अइसना में केहु के इहो पता नईखे चलत कि उनका फोन में मैलवेयर बा।

अब का करे के चाहीं?

अगर रउओ ओह 1 लाख लोग में से बानी जे एह में से कवनो एप्प डाउनलोड कईले बा, तs तुरंत फोन से ऐप के डिलीट कs दीं। एकरा अलावे गूगल प्ले-स्टोर में जाके मेनू में जाके सब सब्सक्रिप्सन के चेक करी आ केेसिल करीं। अगर फोन के फाइल मैनेजर में अइसन कवनो फोल्डर देखाई देता, जवना के बारे में आपके जानकारी नईखे, तs ओकरो के डिलीट कs दीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]