[the_ad_group id="30365"]

मशहूर एम्बेसडर कार निर्माता अब इलेक्ट्रिक टू व्हीलर बनाई! ग्राहकन के पुरान याद ताजा हो जाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हाल के समय में इलेक्ट्रिक वाहन के बिक्री में तेजी आइल बा। दू पहिया इलेक्ट्रिक वाहन के बिक्री भी बढ़ रहल बा। बहुत लोग एकरा के खरीदे प विचार करे लागल बाड़े। एकरा के देखत बाजार में बहुत नाया मैन्युफैक्चरिंग कंपनी आईल बाड़ी, जवन कि दु पहिया इलेक्ट्रिक वाहन बनावतिया। एतने ना, अब अपना मशहूर कार एम्बेसडर के निर्माता कंपनी हिंदुस्तान मोटर्स भी अगिला साल इलेक्ट्रिक टू व्हीलर पेश करे के तैयारी में बिया। कंपनी के एगो वरिष्ठ अधिकारी कहले कि, इ विचार यूरोपीय साझेदार के संगे संयुक्त उद्यम में इलेक्ट्रिक दुपहिया गाड़ी के लॉन्च कईल बा। उ कहले कि कंपनी आवे वाला समय में इलेक्ट्रिक फोर व्हीलर भी बना सकेले।

हिंदुस्तान मोटर्स के निदेशक उत्तम बोस के मुताबिक, दुनो कंपनी के वित्तीय लेखा परीक्षा जुलाई में शुरू हो जाई, जवना में दु महीना के समय लागी। एकरा बाद संयुक्त उद्यम के तकनीकी पहलु प विचार कईल जाई। एकरा में एक महीना अउरी लागी। उ कहले कि, एकरा बाद ही निवेश के ढांचा तय होई अवरू नाया कंपनी के गठन होई। ई अभ्यास 15 फरवरी ले पूरा होखे के उमेद बा.

बोस कहले कि नयका यूनिट के गठन के बाद ए परियोजना के पायलट ट्रायल शुरू करे खाती दु क्वार्टर अवुरी के जरूरत होई। एकरा संगे-संगे उ इहो कहले कि अगिला वित्तीय साल के अंत तक अंतिम उत्पाद पेश होखे के संभावना बा। उ कहले कि, दुपहिया परियोजना के पूरा होखला के दु साल बाद चार पहिया इलेक्ट्रिक वाहन के निर्माण के बारे में फैसला लिहल जाई।

एगो जमाना रहे जब हिन्दुस्तान मोटर्स के एम्बेसडर कार के आपन आकर्षण रहे। एम्बेसडर के गाड़ी चलावत रहले शक्तिशाली अवुरी मशहूर लोग लेकिन साल 2014 में एकर उत्पादन बंद क दिहल गईल। अब लगभग 8 साल बाद हिंदुस्तान मोटर्स इलेक्ट्रिक दुपहिया बाजार में उतरे के योजना बनावतिया। अगर इ आपन इलेक्ट्रिक दुपहिया गाड़ी बाजार में लेके आई त फेर एकरा से जुड़ल पुरान याद एक बेर फेर से ताजा हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]