[the_ad_group id="30365"]

आईफोन से एंड्रायड में चैट बैकअप लिहल जा सकी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

व्हाट्सएप अपना उपयोगकर्ता खातिर नाया-नाया फीचर्स ले के आवत रहेला। अब व्हाट्सएप अपना उपयोगकर्तन के परेसानियन के देखत एगो नाया फीचर पs काम कs रहल बा। जवना के माध्यम से आईफोन से एंड्रॉयड में व्हाट्सएप्प चैट बैकअप के आसानी से लिहल जा सकी। व्हाट्सएप के उपयोग करे वाला लोगन के अक्सर फोन बदलत घरी एह समस्या से जूझे के पड़ेला।

रिपोर्ट के मोताबिक, व्हाट्सएप अब अपना यूजर्स के एह परेसानी के हल जल्दिये करी। ओइसे, रिपोर्ट में एह बात के जिकिर नइखे कि व्हाट्सएप कब ले एह सुविधा के उपलब्ध कराई। फिलहाल, व्हाट्सएप व्हाट्सएप अपना यूजर के आईफोन से एंड्रॉयड ऑपरेटिंग सिस्टम पs स्विच करत घरी प्रोफाइल फोटो, नाम, पर्सनल चैट, ग्रुप चैट आ सेटिंग्स सहित अपना खाता के जानकारी राखे के अनुमति देला। बाकिर चैट हिस्ट्री के ट्रांसफर करे के अनुमति ना देला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]