[the_ad_group id="30365"]

आ रहल बा WhatsApp के नया फीचर, फोटो आ वीडियो पs रिप्लाई देहल हो जाई आसान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

WhatsApp अपना प्लेटफॉर्म के जादे यूजर फ्रेंडली बना रहल बा। एकरा खातिर उ WhatsApp में एगो नया फीचर दे रहल बा। एकर फायदा ई होई कि यूजर जादे तेजी से कवनो मैसेज पs रिप्लाई दे पाई लो। WABetaInfo के रिपोर्ट के मोताबिक मेटा के लोकप्रिय इंस्टेंट मैसेजिंग ऐप WhatsApp फोटो, वीडियो आ GIF पs इंस्टैंट रिएक्शन खातिर नया रिप्लाई बार फीचर ला रहल बा। यूजर्स के Google Play Store से Android 2.23.20.20 अपडेट खातिर लेटेस्ट वॉट्सऐप बीटा इंस्टॉल करे के होई। एकरा बाद वॉट्सऐप में फोटो आ वीडियो रिप्लाई सुविधा उपलब्ध हो जाई।

कइसे करीं पता

एकरा खातिर रउआ वॉट्सऐप ओपन करे के होई। एकरा बाद जब कवनो इमेज, वीडियो भा जीआईएफ ओपन करेम, तs ई फीचर देखाई ददी। जदि ई फीचर उपलब्ध ना होई, तs सायद रउआ तनिका इंताजर करे के पड़ सकता बा। WABetaInfo के मानीं तs नया रिप्लाई बार यूजर्स के मौजूदा स्क्रीन के बिना हटवले चैट में खास मीडिया फाइल पs इस्टैंट रिप्लाई के सुविधा देला। एसे वॉट्सऐप पs बातचीत कइल आसान हो जाला।

वॉट्सऐप चैनल फीचर

बता दीं कि वॉट्सऐप के तरफ से अपना यूजर्स के सुविधा खातिर नया फीचर्स के रोलआउट कइल जात रहेला। हाले में वॉट्सऐप चैनल फीचर के लॉन्च कइल गइल रहे। एमे केहूओ आपन चैनल फीचर लॉन्च कs सकत बा। ई एलॉन मस्क के एक्स प्लेटफॉर्म के तरे रहे। अब वॉट्सऐप के तरफ से एह चैनल फीचर खातिर अपडेट टैब सर्च फीचर पs काम कइल जा रहल बा। एसे केहूओ के वॉट्सऐप चैनल के सर्च कइल आसान हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]