[the_ad_group id="30365"]

Google: गूगल लोकल समाचार संगठनन के करी सशक्त, ट्रेनिंग के संगे फंडिंगो दी, पेश कइलस नया प्रोग्राम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टेक दिग्गज Google ने भारत में एगो नया पहल के घोषणा कs देले बा, जवन लोकल समाचार संगठनन के अपना डिजिटल ऑपरेशन्स के बढ़ावे में मदद करी। गूगल गूगल न्यूज इनीशिएटिव माने GNI भारतीय भाषा प्रोग्राम पेश कइले बा। एह प्रोग्राम के मदद से नव गो भारतीय भाषा में ओरिजिनल समाचार बनावे वाला छोट आ मध्यम आकार के समाचार संगठनन के सशक्त कइल जाई आ ओह लोगन के ट्रेनिंग आ टेक्निकल सपोर्ट के संगे फंडिंगो कइल जाई।

का हs गूगल न्यूज इनीशिएटिव प्रोग्राम?

गूगल न्यूज इनीशिएटिव, गूगल के नया पहल हs जवन, लोकल न्यूज ऑर्गेनाइजेशन (ओरिजिनल समाचार बनावे वाला) के सशक्त करे के काम करी। गूगल एमे अंग्रेजी, हिंदी, कन्नड़, तमिल, तेलुगु, बंगाली, मलयालम, गुजराती आ मराठी सहित नव गो भारतीय भाषा में समाचार संगठनन के मदद करी। प्रोग्राम के तहत, एह संगठनन के ट्रेनिंग, टेक्निकल सपोर्ट के संगे फंडिंगो उपलब्ध करावल जाई।

का मिली फायदा?

गूगल बतवलस कि एह पहल के उद्देश्य पब्लिशर्स के वेब पs ओकर यूजर्स एक्सपीरियंस आ रेवेन्यू के बढ़ावे खातिर अलग अलग टूल आ बेस्ट प्रैक्टिस के मदद से सशक्त बनावेला। एमे कोर वेब विटल्स, वेबसाइट ऑप्टिमाइजेशन, न्यूज कंज्यूमर इनसाइट्स (एनसीआई), यूट्यूब जइसन विषयन पs स्केल्ड इंस्पिरेशन सीरीज आ वर्चुअल वर्कशॉप सामिल होई।

गूगल कहलस कि चयनित पब्लिशर्स के ओकर पेज स्पीड, कोर वेब वाइटल्स परफॉरमेंस आ आउर प्रसांगिक पैरामीटर के आकलन करे खातिर एगो प्रक्रियो से गुजरे के होई। एकरा अलावे, कुछ पब्लिशर्स के अपना यूजर्स एक्सपीरियंस के बेहतर बनावे खातिर समर्पित परामर्श आ टेक्निकल सपोर्टो मिली।

कइसे करीं आवेदन?

जीएनआई भारतीय भाषा कार्यक्रम में 30 जून, 2023 तक आवेदन कइल जा सकत बा। योग्य आवेदक छोट भा मध्यम आकार के भारतीय भाषा समाचार संगठन होखे के चाहीं जेकर एगो ऑपरेशनल वेबसाइट होेखे, कम से कम 12 महीना से चल रहल होखे आ कम से कम 50 फुल टाइम कर्मचारी होखे लो। आवेदनन के मूल्यांकन Google प्रोजेक्ट टीम आ बाहरी सलाहकारन द्वारा कइल जाई। इच्छुक समाचार संगठन कार्यक्रम खातिर GNI वेबसाइट पs आवेदन कs सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]