Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

खुशखबरी: अब 500 सब्सक्राइबर्स वाला YouTube चैनलो के होई कमाई

YouTube कहले बा कि ऊ यूट्यूब पार्टनर प्रोग्राम खातिर पात्रता आवश्यकतन के कम कर रहल बिया आ कम फॉलोअर्स वाला क्रिएटर्स खातिर मोनेटाइजेशन प्रोसेस के आसान कइल जा रहल बा।

1,033

जदि रउओ एगो YouTube कंटेंट क्रिएटर्स बानी आ कमाई के लेके परेसान बानी तs रउआ खातिर गुड न्यूज बा। अब रउआ अपना YouTube के चैनल के मोनेटाइजेशन के लेके चिंता करे के जरूरत नइखे, काहेकि अब राउर YouTube चैनल 500 चैनल सब्सक्राइबर्स होखलो पs मोनेटाइज हो सकत बा। कंपनी एकरा खातिर नियमन में बड़ बदलाव कइले बिया। पहिले चैनल मोनेटाइजेशन करावे खातिर कम से कम 1000 सब्सक्राइबर्स के जरूरत होत रहे।

YouTube कहलें बा कि ऊ यूट्यूब पार्टनर प्रोग्राम खातिर पात्रता आवश्यकतन के कम कर रहल बिया आ कम फॉलोअर्स वाल क्रिएटर्स खातिर मोनेटाइजेशन प्रोसेस के आसान कइल जा रहल बा। कंपनी मोनेटाइजेशन प्रोसेस के लिमिट के कम कर रहल बिया। माने अब कम फॉलोअर्स वाला क्रिएटर्स आपन यूट्यूब चैनल मोनेटाइज करा सकी लो आ कमाई सुरू कs सकत बा लो।

YouTube बदललस ई नियम

पहिले, यूट्यूब पार्टनर प्रोग्राम में सामिल होखे आ अपना कंटेंट के मोनेटाइज करावे खातिर क्रिएटर्स के कइयन मानदंडन के पूरा करे के पड़त रहे। बाकिर अब नया नियम के तहत, क्रिएटर्स के पात्र होखे खातिर खाली 500 सब्सक्राइबर्स के आवश्यकता होई, जवन कि पिछला आवश्यकता के आधा बा। ओहिजा यूट्यूब 4000 वॉच आवर के कम कs के 3000 वॉच आवर कs देले बा। माने अब एक साल में 3000 वॉच आवर पूरा करे के होई।

संगही Youtube Shorts व्यू के 10 मिलियन से घटाके 3 मिलियन कs दिहल गइल बा। माने क्रिएटर्स के चैनल मोनेटाइज करावे खातिर 90 दिनन में 30 लाख Youtube Shorts व्यू होखे के चाहीं। एह नियमन के पहिले अमेरिका, यूनाइटेड किंगडम, कनाडा, ताइवान आ दक्षिण कोरिया में लागू कइल  जाई। एकरा बाद एकरा के अउरियो देसन में लागू कइल जा सकत बा।

छोट क्रिएटर्स के होई फायदा

यूट्यूब के नया मोनेटाइजेशन प्रोसेस से छोट आ सुरुआती यूट्यूबर्स के बहुते फायदा होखे वाला बा। ओह लोगन के लगे अब YouTube पs अपना कंटेंट के मोनेटाइज करावे के बेसी अवसर होई। हालांकि, ओह लोगन के अपना दर्शकन के बढ़ावे आ विज्ञापन राजस्व अर्जित करे खातिर कुछ बेंचमार्क पूरा करे के आवश्यकता होई। रेवेन्यू शेयरिंग के नइखे बदलल गइल। ओहिजा, जे क्रिएटर्स YouTube पार्टनर प्रोग्राम में पहिलही से सामिल बा लो, ओकरा फेर से आवेदन करे के आवश्यकता ना होई।
प्रोग्राम में सामिल होखला के बाद क्रिएटर्स के सुपर थैंक्स, सुपर चैट आ सुपर स्टिकर्स जइसन कइयन उपयोगी टूल के एक्सेस मिल जाई। अइसन चैनल मेंबरशिप जइसन सब्सक्रिप्शन टूल के इस्तेमाल कs सकी लो आ YouTube शॉपिंग में अपना प्रोडक्ट के प्रमोटो कs सकी लो।

566130cookie-checkखुशखबरी: अब 500 सब्सक्राइबर्स वाला YouTube चैनलो के होई कमाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.