[the_ad_group id="30365"]

Google Assistant with Bard: खाली Pixel 8 सीरीज ना, एहु स्मार्टफोन में हो सकी नया फीचर के इस्तेमाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गूगल अपना यूजर्स खातिर हाले में Pixel 8 लाइनअप आ Pixel Watch 2 जइसन प्रोडक्ट के पेश कइले बा। एही के संगे कंपनी एंड्रॉइड आ आईओएस यूजर्स खातिर Assistant with Bard के एलान कइले रहे।

दोसरो स्मार्टफोनस में आ रहल बा नया फीचर

Google Assistant with Bard के कंपनी Pixel 8 आ Pixel 8 Pro के संगे पेश कइले रहे। एही कड़ी में अब ई फीचर दोसरो स्मार्टफोन खातिर ले आवल जा सकत बा।

मीडिया रिपोर्ट्स के दावा बा कि कंपनी दोसरो स्मार्टफोनस  खातिर गूगल असिस्टेंट विद बार्ड (Google Assistant with Bard) के रोलआउट करे के तइयारी कs लेले बिया।

गूगल असिस्टेंट के होई बार्ड के संगे इस्तेमाल

दरअसल, पिछला हफ्ता गूगल जानकारी देले रहे कि असिस्टेंट विद बार्ड के सुविधा कुछ टेस्टर्स खातिर रोलआउट करी। रिपोर्ट्स के दावा बा कि Pixel 8 series के स्मार्टफोन के सब यूजर्स खातिर ई सुविधा सबसे पहिले रोलआउट होई।

एकरा बाद गूगल असिस्टेंट विद बार्ड के इस्तेमाल Galaxy S24 लाइनअपो में कइल जा सकी। Galaxy S24 लाइनअप खातिर एह फीचर के अगिला साल तक रोलआउट कइल जा सकत बा।

एकरा बाद पुरान Tensor-based Pixels डिवाइस आ Samsung Galaxy S23 series खातिर एह सुविधा के पेश कइल जा सकत बा।

अभी कवन-कवन यूजर्स कs सकेला फीचर के इस्तेमाल

कंपनी के ब्लॉग पोस्ट में जानकारी के मोताबिक ई फीचर आवे वाला महीनन में इस्तेमाल कइल जा सकी। फिलहाल Assistant with Bard फीचर अर्ली एक्सपेरिमेंट के स्टेज पs बा। एहिसे ई फीचर केवल अर्ली टेस्टर्स खातिर मवजूद बा। फीडबैक के बादे एह फीचर के पब्लिक कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]