Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ऑनर पैड X9 भारत में लॉन्च: टैबलेट में 11.5 इंच के डिस्प्ले आ 6 सराउंड स्पीकर, कीमत 14,499 रुपिया

955

टेक कंपनी ऑनर भारत में ऑनर पैड X9 के लॉन्च कs देले बिया। ई टैबलेट कंपनी के ऑनर पैड X8 के अपडेटेड वर्जन हs। एमे 11.5 इंच के डिस्प्ले आ 6 सराउंड स्पीकर दिहल गइल बा। एकरा अलावे टैब में 7250mAh के बड़ी बैटरी मिलेला।

हॉनर पैड X9 भारत में 4GB रैम आ 128GB स्टोरेज वाला सिंगल वैरिएंट में आई। एकर कीमत 14,499 रुपिया रखल गइल बा। कंपनी टैबलेट के स्पेस ग्रे कलर ऑप्शन के संगे लॉन्च कइले बिया।

डिवाइस के प्री-बुकिंग ई-कॉमर्स वेबसाइट अमेजन पs सुरू हो चुकल बा। एकर सेल 2 अगस्त से सुरू होई। पैड के प्री-बुकिंग कइला पs 500 रुपिया के डिस्काउंट आ पैड खातिर फ्लिप कवर मुफ्त दिहल जाई।

ऑनर पैड X9 के स्पेसिफिकेशन

डिस्प्ले : ऑनर पैड X9 में 2000×1200 पिक्सल रिजॉल्यूशन वाला 11.5 इंच के 2K डिस्प्ले दिहल गइल बा, जवन 120Hz रिफ्रेश रेट पs काम करेला। एकर पीक ब्राइटनेस लेवल 400 निट्स बा।

सॉफ्टवेयर : टैबलेट एंड्रॉइड 13 पs बेस्ड मैजिक UI 7.1 प्रोसेसर पs रन करेला, जवन यूजर के मल्टी-विंडो, मल्टी-स्क्रीन कोलाबरेशन आ थ्री-फिंगर स्वाइप फीचर्स के इस्तेमाल करे में मदद करेला। टैबलेट ऑक्टा-कोर क्वालकॉम स्नैपड्रैगन 695 SoC ऑपरेटिंग सिस्टम पs ऑपरेट करेला।

कैमरा : फोटोग्राफी खातिर ऑनर पैड X9 5MP के रियर कैमरा सेंसर आ 5-मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा सेंसर से लैस बा।

बैटरी आ चार्जर : टैबलेट में पॉवर बैकअप खातिर 7250mAh के बैटरी दिहल गइल बा, जवना के चार्ज करे खातिर 22.5W के फास्ट-चार्जिंग सपोर्ट मिलेला। कंपनी बैटरी के एक बेर फुल चार्ज कइला पs 13 घंटा तक के बैकअप के दावा करेले।

डायमेंशन : टैबलेट के डायमेंशन 267.3 mm x 167.4 mm x 6.9 mm बा आ वजन 499 ग्राम बा।

कनेक्टिविटी : टैबलेट में हाई-रेज ऑडियो सपोर्ट के संगे 6 सिनेमैटिक सराउंड स्पीकर बा। एकरा संगे WIFI, ब्लूटूथ v5.1 आ एगो USB टाइप-C पोर्ट जइसन कनेक्टिविटी ऑप्शन मिलेला।

613480cookie-checkऑनर पैड X9 भारत में लॉन्च: टैबलेट में 11.5 इंच के डिस्प्ले आ 6 सराउंड स्पीकर, कीमत 14,499 रुपिया

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.