[the_ad_group id="30365"]

Good News: गोरखपुर पहुंचल वंदे भारत ट्रेन, भव्य तरीका से भइल स्वागत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

वंदे भारत एक्सप्रेस खातिर पूर्वोत्तर रेलवे के आवंटित रेक शनिचर कe दिने दुपहरिया एक बजे ले गोरखपुर चहुँप गइल। गोरखपुर पहुंचला के बाद एकर परीक्षण कईल जाई। रेल प्रशासन एकरा खातीर तैयारी शुरू क देले बा। ट्रेन के संचालन के रास्ता अवुरी समय अबे ले तय नईखे भईल, लेकिन एकर पहिला रूट गोरखपुर-लखनऊ (अयोध्या के माध्यम से)-प्रयागराज हो सकता।

पीएम नरेंद्र मोदी 7 जुलाई के गोरखपुर आ सकेलें। एकरा के देखत पुलिस-प्रशासन तईयारी में व्यस्त बा। एह दौरान पीएम गोरखपुर में वंदे भारत एक्सप्रेस के झंडा देखावे के भी संभावना बा। एकरा के देखत रेलवे के अधिकारी भी तैयारी में व्यस्त बाड़े, लेकिन आधिकारिक पुष्टि नईखन देत।

हालांकि पूर्वोत्तर रेलवे के ओर से पहिले भेजल गईल प्रस्ताव में गोरखपुर से लखनऊ होत प्रयागराज तक वंदे भारत ट्रेन चलावे के योजना बा। एह क्रम में एह एक्सप्रेस खातिर रेक आवंटित भइला के बाद गुरुवार के साँझ पांच बजे चेन्नई से गोरखपुर भेजल गईल। शनिचर के दुपहरिया एक बजे ले गोरखपुर पहुंचल। अब एकर ट्रायल होई, एकरा खातिर अबे ले रूट तय नईखे भईल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]