बरेली में NIA के छापा: आंवला में एगो पेंटर के घरे जांच करे पहुंचल टीम, पाकिस्तानी लड़की से बा जुवक के संबंध

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 2, 2023

बरेली के कस्बा आंवला के मोहल्ला पक्का कटरा निवासी जुवक के पाकिस्तान कनेक्शन सामने आइल बा। अतवार के सबेरे राष्ट्रीय जांच एजेंसी (NIA) लखनऊ मुख्यालय से आइल टीम स्थानीय पुलिस के संगे जुवक के घरे

Share

बरेली के कस्बा आंवला के मोहल्ला पक्का कटरा निवासी जुवक के पाकिस्तान कनेक्शन सामने आइल बा। अतवार के सबेरे राष्ट्रीय जांच एजेंसी (NIA) लखनऊ मुख्यालय से आइल टीम स्थानीय पुलिस के संगे जुवक के घरे छापा मरलस। जुवक आ ओकर बड़ भाई घरे पs मिल गइले सs।

एनआईए के टीम दुनो जुवकन से बहुत देर तक पूछताछ कइलस। पूछताछ के बाद जुवक के मोबाइल कब्जा में ले लिहल गइल। बतावल जा रहल बा कि जुवक पेंटर के तौर पs पुताई के काम करेला। ऊ एक बेर दुबई में काम करे गइल रहे। उहां ओकर पाकिस्तान के एगो लड़की से संबंध हो गइल।

छापा से मोहल्ला में मचल खलबली

जुवक के आंवला लवटला के बाद दुनों के बीच मोबाइल के माध्यम से संपर्क बनल रहे। ऊ अक्सर पाकिस्तानी लईकी से बात करत रहे। पुख्ता जानकारी मिलला पs एनआईए के टीम अतवार के भोरे-भोरे ओकरा घरे पहुंच गइल। एनआईए आ पुलिस के टीम देख मोहल्ला में खलबली मच गइल।

एनआईए के टीम बहुत देर तक जुवक के घर पs जांच पड़ताल कइलस। एह दौरान घर के बाहर पुलिस तैनात रहल। पाकिस्तान से जुवक के खातामें रुपियो अइला के चरचा बा।फिलहाल टीम केहू के गिरफ्तारी नइखे कइले।

स्थानीय पुलिस कार्रवाई के बारे में कुछओ बतावे से बच रहल बिया। ओने, एनआईए के छापा के लेके कस्बा में तरे-तरे के चरचा हो रहल बा। मोहल्ला के लोग हैरान बा कि आखिर अइसन का भइल बा कि एनआईए के टीम इहां जांच करे आइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.