[the_ad_group id="30365"]

रुपांतर नाट्य मंच, गोरखपुर के मौलिक भोजपुरी प्रस्तुति “कहत भिखारी” के मंचन “राष्ट्रीय नाट्य महोत्सव, वाराणसी में 7 के

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रुपांतर नाट्य मंच, गोरखपुर के मौलिक भोजपुरी प्रस्तुति “कहत भिखारी” के मंचन “राष्ट्रीय नाट्य महोत्सव, वाराणसी में 7 दिसंबर के होई। ई राष्ट्रीय नाट्य महोत्सव 5 से 9 दिसंबर 2022 तक आयोजित बा।

बता दीं कि एह नाटक में लेखन अपर्णश मिश्र आ निर्देशन सुनील जायसवाल जी के बा। बातचीत में नाटक के निर्देशक सुनील जी बतवनी कि 7 दिसंबर, 2022 के दिन बुध के साँझ 5:30 बजे से नागरी नाटक मंडली, कबीर चौरा, वाराणसी एह नाटक के प्रदर्शन होई। एह अवसर पs रउआ सभे के स्वागत बा।

धेयान देवे आला बात ई बा कि नाटक “कहत भिखारी” के नाट्यालेख भोजपुरी के महानायक भिखारी ठाकुर जी के जीवनी ना हs बलुक उनका व्यक्तित्व के ऊ पहलु हs, जवन एगो कलाकार, रचयिता आ सृजनकर्ता के हs, एही पक्ष के कड़ीबद्ध पिरो के एगो सूत्र में बांधे के प्रयास हs

ई एगो कलाकार के अंदर ले कसमसाहट आ तड़प आउर  कलाकार से महानायक बनला के कहानी हs।

भोजपुरी भाषा मे, गवई शैली, लोक नृत्यन आ लोक गीतन से सजल एह नाट्य प्रस्तुति में ठाकुर जी द्वारा रचित पांच नाटकन के संक्षिप्त उपयोग उनकर जीवनगाथा के गति देवे खातिर कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]