Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

खुशखबरी: अगिले आठ दिन में सीएम योगी गोरखपुर शहर के दीहें 2971 करोड़ रुपया के सौगात

423

अगिले आठ दिन में मुख्यमंत्री शहर में चार कार्यक्रमन में शामिल होइहें अउर करीब 2971 करोड़ रुपया के सौगात दीहें। 27 नवंबर के 1821 करोड़ रुपया के विकास परियोजना के शिलान्यास कइला के बाद चार दिसंबर के भी शहरवासियन के करीब 950 करोड़ रुपया के सौगात दीहें।

महंत दिग्विजयनाथ पार्क में चार दिसंबर के आयोजित प्रबुद्ध सम्मेलन में मुख्यमंत्री चार प्रमुख परियोजना के शिलान्यास करिहें। एमें ट्रांसपोर्ट नगर से पैडलेगंज ले सिक्स लेन फ्लाईओवर के परियोजना भी शामिल बा।

27 नवंबर के स्पोर्ट्स कालेज में आयोजित कार्यक्रम में सीएम योगी 1821 करोड़ रुपया लागत के चार प्रमुख परियोजना के शिलान्यास करिहें। 30 नवंबर के गीडा दिवस पs गीडा में आयोजित कार्यक्रम में भी करीब 200 करोड़ के परियोजना के सौगात दीहें।

एकरे बाद चार दिसंबर के महंत दिग्विजयनाथ पार्क में आयोजित कार्यक्रम में 429 करोड़ 49 लाख 39 हजार रुपया के लागत से बने वाला ट्रांसपोर्टनगर-पैडलेगंज के ओर करीब 2.2 किलोमीटर लमहर सिक्स लेन फ्लाईओवर व इससे देवरिया बाईपास के जोड़े खातिर चार लेन फ्लाईओवर के शिलान्यास कइल जाई।

399.34 करोड़ रुपया के लागत के 9.5 किलोमीटर लमहर देवरिया बाईपास के फोरलेन में चौड़ीकरण के शिलान्यास होई। एकरे सथही रामगढ़ताल परियोजना के अंतर्गत नौकायन से देवरिया बाईपास शिवमंदिर अउर वाणिज्य कर भवन ले चार लेन में चौड़ीकरण अउर सुदृढ़ीकरण काम खातिर 67 करोड़ 34 लाख 88 हजार रुपया खर्च कइल जाई।

राप्ती नदी में गिरे वाले कटनिया-महेवा नाले के इंटरसेप्शन डायवर्जन अउर ट्रीटमेंट से संबंधित परियोजना के भी शिलान्यास कइल जाई। एह पर 53 करोड़ तीन लाख रुपया खर्च कइल जाई।

391720cookie-checkखुशखबरी: अगिले आठ दिन में सीएम योगी गोरखपुर शहर के दीहें 2971 करोड़ रुपया के सौगात

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.