[the_ad_group id="30365"]

एक हजार जोड़न के 28 नवम्बर के होई सामूहिक विवाह, खुद मौजूद रहिहें सीएम योगी आदित्यनाथ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सामूहिक विवाह योजना के तहत वृहद अउर भव्य समारोह के आयोजन 28 नवंबर के सुबह 10 बजे से रामगढ़ताल क्षेत्र स्थित चंपा देवी पार्क मैदान में होखे जा रहल बा। समाज कल्याण विभाग एक हजार जोड़न के सामूहिक विवाह करवले के तैयारी कइले बा। एह जोड़न के आशीर्वाद देवे खातिर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ खुद मौजूद रहिहें।
योजना के तहत अब ले एक हजार से अधिक आवेदन आ चुकल बा। आवेदन पत्र के सत्यापन के प्रक्रिया तेजी से पूरा कइल जा रहल बा। प्रति विवाह सरकार 51 हजार रुपया खर्च करेले। एमें 35 हजार रुपया कन्या के बैंक खाता में अंतरित करावल जाला। 10 हजार रुपया उपहार अउर शेष राशि अन्य मद में खर्च कइल जाला।
सामूहिक विवाह समारोह में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के साथ जिला के जनप्रतिनिधि मौजूद रहिहें। वित्तीय वर्ष 2017-18 से योगी सरकार मुख्यमंत्री सामूहिक विवाह योजना के तहत सिर्फ गोरखपुर जिला में ही 3430 शादी संपन्न करा चुकल बिया। अब एहमें हजार के संख्या अउर जुड़ जाई।

मुख्यमंत्री सामूहिक विवाह योजना के उपलब्धि

वित्तीय वर्ष    शादी के संख्या
2017-18    81
2018-19    236
2019-20    671
2020-21    622
2021-22    1416
2022-23    404
(अब ले)

ई दीहल जाई उपहार

वधू खातिर विवाह खातिर कढ़ाई वाली एगो साड़ी, एगो चुनरी, एगो दैनिक उपयोग के साड़ी, वर खातिर कुर्ता-पाजामा, पगड़ी अउर माला। निकाह खातिर वधू को कढ़ाई वाला सूट, चुनरी, सूट के कपड़ा, वर खातिर कुर्ता-पाजामा आदि।

आभूषण में 25 ग्राम के चांदी के पायल, 6 ग्राम के बिछुआ। गृहस्थी के सामान में एगो कुकर, एगो जग चाहे लोटा, दू थाली, दूगिलास, दू कटोरा अउर चम्मच, एगो बक्सा अउर सौंदर्य प्रसाधन से भरल एगो शृंगारदानी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]