[the_ad_group id="30365"]

Gold Silver Price Today : सोना-चानी के भाव में भारी गिरावट, चानी ₹24 हजार तक टूटल, सोना ₹8 हजार सस्ता

Gold and silver prices fall sharply today, silver crashes by ₹24000 and gold becomes cheaper by ₹8000
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिजनेस डेस्क। सुक के दिन सोना आ चांदी के दाम में भारी गिरावट देखे के मिलल। लगातार तेज उछाल के बाद निवेशकन के मुनाफावसूली के चलते कीमती धातुअन के भाव अचानक टूट गइल। मल्टी कमोडिटी एक्सचेंज (MCX) पs कारोबार सुरू होखतही सोना आ चांदी दूनो लाल निशान में कारोबार करत लउकल।

सबसे बड़ गिरावट चानी के दाम में देखे के मिलल। MCX पs चानी के वायदा भाव करीब ₹24,000 तक टूट गइल। 5 मार्च के एक्सपायरी वाली चानी ₹23,993 गिरके ₹3,75,900 प्रति किलो पs आ गइल।

गौर करे वाला बात बा कि बियफे के दिन चांदी इतिहास रच देलस। पहिला बेर चानी ₹4 लाख प्रति किलो के पार पहुंचल रहे। कारोबार के आखिर में चांदी ₹3,99,893 प्रति किलो पs बंद भइल रहे। चानी के लाइफ टाइम हाई ₹4,20,048 प्रति किलो रहे, जहां से एके दिन में करीब ₹44,148 के बड़ गिरावट देखे के मिलल।

ओहिजा, सोना के कीमत में तेज गिरावट दर्ज भइल। MCX पs सोना खुलतही करीब ₹8,000 प्रति 10 ग्राम तक सस्ता हो गइल।

घरेलू बाजार में सोना-चानी के भाव

ऑल इंडिया सराफा एसोसिएशन के मोताबिक, बियफे के चानी लगातार चउथा सत्र में तेजी जारी रखलस आ ₹19,500 भा 5.06 फीसदी के उछाल के संगे रिकॉर्ड ₹4,04,500 प्रति किलो (सब टैक्स सहित) पs पहुंच गइल।

ओहिजा 99.9 फीसदी सुद्धता वाला सोना के दाम में ₹12,000 भा 7.02 फीसदी के बढ़न्ती भइल आ ई ₹1,71,000 प्रति 10 ग्राम से बढ़के ₹1,83,000 प्रति 10 ग्राम (सब टैक्स सहित) के नया ऑल टाइम हाई पs पहुंच गइल।

जनवरी महीना में अब तक सोना के कीमत में 24 फीसदी से जादे बढ़न्ती हो चुकल बा, जवन लगातार छठवां महीना तेजी के संकेत दे रहल बा। ई जनवरी 1980 के बाद सबसे बड़ मासिक बढ़त मानल जा रहल बा। ओहिजा, चानी के कीमत एह महीना करीब 62 फीसदी तक उछल चुकल बा, जवन इतिहास के सबसे बड़ मासिक तेजी मानल जा रहल बा।

प्रमुख शहरन में सोना के दाम (24 कैरेट)

  • मुंबई: करीब ₹1,70,170 प्रति 10 ग्राम
  • कोलकाता: लगभग ₹1,69,950
  • दिल्ली: करीब ₹1,69,880
  • चेन्नई: लगभग ₹1,70,670
  • हैदराबाद: करीब ₹1,70,440
  • बंगलूरू: लगभग ₹1,70,310

दक्षिण भारत के बाजारन में सोना के दाम उत्तर भारत के मुकाबले जादे बा।

प्रमुख शहरन में चांदी के कीमत

  • मुंबई: करीब ₹4,01,760 प्रति किलो
  • दिल्ली: लगभग ₹4,01,060
  • चेन्नई: करीब ₹4,02,920
  • हैदराबाद: लगभग ₹4,02,390
  • बंगलूरू: करीब ₹4,02,070
  • कोलकाता: लगभग ₹3,86,420

चानी के तेजी के पीछे एआई डेटा सेंटर, सौर ऊर्जा जइसन सेक्टरन में बढ़त मांग आ सीमित आपूर्ति के बड़ कारण मानल जा रहल बा।

अंतरराष्ट्रीय बाजार में उतार-चढ़ाव

सुक के दिन अंतरराष्ट्रीय बाजार में सोना-चांदी ऑल टाइम हाई के आसपास रहल, हालांकि एक दिन पहिले के मुकाबले कॉमेक्स आ MCX पs हल्का गिरावट देखे के मिलल। कॉमेक्स पs सोना घटके $5,412.40 प्रति औंस पs आ गइल, जबकि एक दिन पहिले ई करीब $5,500 रहे। एकरा पहिले सोना $5,586.20 प्रति औंस के ऐतिहासिक ऊंचाई छू चुकल रहे।

चानी के दामो हल्का नरमी के संगे $117.45 प्रति औंस पs आ गइल, जबकि एकरा पहिले ई $119 प्रति औंस के रिकॉर्ड स्तर छू चुकल रहे।

विश्लेषकन के मोताबिक, वैश्विक आर्थिक अनिश्चितता, केंद्रीय बैंकन के नीतियन पs असमंजस आ भू-राजनीतिक तनाव के चलते सुरक्षित निवेश के रूप में सोना-चांदी के मांग बढ़ल बा, एकरा से कीमतन में तेज उतार-चढ़ाव देखे के मिल रहल बा।

Read Also: NCP Merger : एनसीपी के दूनो गुट के होखे वाला रहे विलय, तारीखो तय रहे, अजित पवार के निधन के बाद फेल हो गइल प्लान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]