[the_ad_group id="30365"]

Delhi : महात्मा गांधी के पुण्यतिथि  राष्ट्रपति, पीएम मोदी सहित कइयन गाे बड़ नेता राजघाट पहुंच के बापू के श्रद्धांजलि दिहल लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। सुक के देस पूरा में राष्ट्रपिता महात्मा गांधी के 78वां पुण्यतिथि पs भावुक श्रद्धांजलि अर्पित कइल गइल। एह मवका पs राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी राजघाट पहुंच के बापू के नमन कइलें। पीएम मोदी के संगे रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, रक्षा राज्य मंत्री संजय सेठ आ केंद्रीय मंत्री मनोहर लाल मवजूद रहलें। सब नेता महात्मा गांधी के समाधि पs फूल चढ़ा के उनका विचारन के इयाद कइल लोग। एह दौरान देस भर में कइयन तरे के कार्यक्रमन के आयोजन भइल।

पूज्य बापू हमेसा स्वदेशी पs जोर देलें : पीएम मोदी

प्रधानमंत्री मोदी अपना एक्स अकाउंट पs लिखलें,
“राष्ट्रपिता महात्मा गांधी के पुण्यतिथि पs हमार शत-शत नमन। पूज्य बापू हमेसा स्वदेशी पs जोर देलें, जवन विकसित आ आत्मनिर्भर भारत के हमनी के संकल्प के मजबूत आधार हs। बापू के व्यक्तित्व आ कृतित्व देसवासियन के कर्तव्य पथ पs चले के हमेसा प्रेरणा देत रही।”

वीडियो साझा कs के पीएम मोदी कहलें ई बात

एगो आउर पोस्ट में वीडियो साझा करत पीएम मोदी लिखलें,
“पूज्य बापू मानवता के रक्षा खातिर हमेसा अहिंसा पs बल देलें। अहिंसा में अइसन ताकत बा, जवन बिना हथियार दुनिया के बदल सकेला।

अहिंसा परमो धर्मस्तथाऽहिंसा परन्तपः।
अहिंसा परमं सत्यं यतो धर्मः प्रवर्तते॥”

Read Also: Gold Silver Price Today : सोना-चानी के भाव में भारी गिरावट, चानी ₹24 हजार तक टूटल, सोना ₹8 हजार सस्ता

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]