[the_ad_group id="30365"]

Gold Price Today: सोना के कीमतन में भइल उलटफेर, जानी का बा 24, 22 आ 18 कैरेट गोल्ड के रेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मंगल के कारोबारी सत्र में सोना के दाम में बढ़ोतरी देखाई देलस। भारतीय बुलियन ज्वेलर्स एसोसिएशन (आईबीजेए) के मुताबिक, आज 24 कैरेट सोना के दर 62,020 रुपिया प्रति 10 ग्राम हो गईल बा, जवन कि पहिले 61,902 रुपिया प्रति 10 ग्राम रहे। बता दीं कि पछिला कुछ दिन से सोना के दाम में लगातार गिरावट आईल बा अवुरी काल्ह के सत्र में इs 61,800 के स्तर ले पहुंच गईल रहे। चांदी के भाव 73,600 रुपिया के आसपास रही।

22, 18 अउर 14 कैरेट सोना के दर

भारतीय बुलियन ज्वेलर्स एसोसिएशन के मुताबिक 22 कैरेट सोना के दर 60,530 रुपिया प्रति 10 ग्राम हो गईल बा। एकरा संगे 20 कैरेट सोना के भाव 60,530 रुपिया प्रति 10 ग्राम, 18 कैरेट सोना के दर 50,240 रुपिया प्रति 10 ग्राम अवुरी 14 कैरेट सोना के 10 ग्राम सोना के दर 4,000 रुपिया हो गईल बा। सोना के शुद्धता के हिसाब से अलग-अलग श्रेणी में बांटल जाला। 24 कैरेट के सबसे शुद्ध सोना मानल जाला।

अंतरराष्ट्रीय बाजार में सोना के दर

अंतर्राष्ट्रीय बाजार में सोना चांदी के दाम में बढ़ोतरी देखल जा रहल बा। सोना के दाम 2,041 डॉलर प्रति औंस पs चलत बा जवन 0.16 फीसदी भा 1 डॉलर बढ़ के बा। चांदी के दाम 24.22 डॉलर प्रति औंस पs बा जवन 0.44 फीसदी यानी 0.108 डॉलर बढ़ के बा। बता दीं कि अमेरिकी फेड के ओर से ब्याज दर में नरमी के संकेत मिलला के बाद सोना चांदी के दाम बढ़ रहल बा।

वायदा बाजार में सोना के दाम

खबर लिखे के समय तक वायदा बाजार में सोना में तनी गिरावट अवुरी चांदी में तनिका बढ़ोतरी देखाई देता। 05 फरवरी 2024 के सोना के कॉन्ट्रैक्ट 62,221 रुपिया प्रति 10 ग्राम बनल बा। एकरा संगे 05 मार्च 2024 के चांदी के कॉन्ट्रैक्ट 0.19 प्रतिशत बढ़ के 74,551 रुपिया प्रति किलो के कारोबार होखता।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]