[the_ad_group id="30365"]

Global Approval Ratings: फेर दुनिया के सबसे लोकप्रिय नेता बनलें प्रधानमंत्री मोदी, बाइडन आ सुनक टॉप 5 से बाहर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एक बेर फेर से दुनिया के सबसे लोकप्रिय नेता चुनल गइल बाड़ें। मॉर्निंग कंसल्ट (Morning Consult) के वेबसाइट पs जारी सूची में पीएम मोदी 78 फीसदी ग्लोबल लीडर अप्रूवल रेटिंग के संगे टॉप पs बाड़ें। ऊ अमेरिकी राष्ट्रपति बाइडन, ब्रिटेन के प्रधानमंत्री ऋषि सुनक समेत 16 देसन के दिग्गज नेता लोगन के पीछे छोड़ देले बाड़ें। पीएम मोदी के दुनिया भर में वयस्कन के बीच सबसे जादे रेटिंग मिलल बा। एह सूची में दूसरका स्थान मेक्सिको के राष्ट्रपति एंड्रेस मैनुअल लोपेज ओब्रेडोर केे मिलल बा। 68 फीसदी अप्रूवल रेटिंग मिलल बा, जबकि तीसरा स्थान पs स्विटजरलैंड के राष्ट्रपति अलैन बेरसेट बाड़ें जिनका 62 फीसदी अप्रूवल रेटिंग मिलल बा। सर्वे के मुताबिक साल 2021 के बाद पीएम मोदी के लोकप्रियता आउर बढ़ गइल बा।

टॉप पांच से बाइडन तs टॉप 10 से सुनक बाहर

बता दीं कि एह सूची में अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडन आ ब्रिटेन के प्रधानमंत्री ऋषि सुनक के टॉप पांच में तक जगह नइखे मिलल। एह सूची में बाइडन के 40 फीसदी अप्रूवल रेटिंग के संगे सातवां स्थान मिलल बा। ओहिजा सुनक के एह सूची में 30 फीसदी अप्रूवल रेटिंग के संगे 13वां स्थान प्राप्त भइल बा।

ऑस्ट्रेलिया के पीएम के चउथा तs ब्राजील के राष्ट्रपति के पांचवां स्थान

एह सूची में ऑस्ट्रेलिया के प्रधानमंत्री एंथनी अल्बानीज के 58 फीसदी अप्रूवल रेटिंग के साथ चउथा आ ब्राजील के राष्ट्रपति लूला डी सिल्वा के 50 फीसदी रेटिंग के संगे पांचवां स्थान मिलल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]