[the_ad_group id="30365"]

झारखंड में पुरान पेंशन स्कीम भइल लागू, 8 बिंदु में समझीं अपने काम भर के जानकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हेमंत सोरेन सरकार के ओर से राजनीतिक उथल-पुथल के बीच अपने चुनावी वादा के निभावत राज्य कर्मचारियन खातिर पुरान पेंशन योजना बहाल कइले के फैसला लिहल गइल। कैबिनेट के बइठक में एह प्रस्ताव के मंजूरी दे देहल गइल बा। एक सितंबर 2022 से राज्य के कर्मचारियन के पुरानी पेंशन योजना के लाभ मिली। झारखंड मंत्रालय में मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन के ओर से प्रस्ताव पारित कइल गइला के जानकारी मिलल। पुरान पेंशन स्कीम के ले के लोग के मन में कई तरह के सवाल बा। आईं 8 आसान बिंदु में समझले के कोशिश करल जाव कि पुरान पेंशन स्कीम से का फायदा होई।

  1. पुरान पेंशन योजना के लाभ ओही कर्मचारी लोग के मिली जे एसओपी के शर्त के माने के शपथ पत्र दीहें अउरी कौनो तरह से अतिरिक्त वित्तीय दावा नाइ करिहें।
  2. नयका पेंशन योजना में सरकार के ओर से दिहल गइल अंशदान अउर मिले वाला ब्याज के राशि एनएसडीएल के ओर से सीधा सरकार के नाइ देहले पs रिटायरमेंट के समय संबंधित कर्मचारी एह राशि के सरकारी खजाना में जमा कइल।
  3. नयका पेंशन योजना में सरकारी कर्मचारियन के अंशदान के राशि एनएसडीएल से नाइ मिलले पs कर्मचारी सरकार से एकर दावा नाइ करिहें।
  4. पुरान पेंशन योजना चुने वाले कर्मचारियन के वेतन से नया पेंशन योजना के तहत उनके वेतन से 10 फीसदी के कटौती नाइ कइल जाई।
  5. एनएसडीएल से सरकारी अंशदान के राशि मिलले पर ओके अलग रखल जाई। एकर इस्तेमाल भविष्य के पेंशन दायित्यन खातिर कइल जाई।
  6. सरकार के एनसएडीएल से कर्मचारियन के अंशदान अउर ब्याज के राशि मिलले पर ओके कर्मचारियन के दे देहल जाई। ई राशि झारखंड सामान्य भविष्य निधि के खाते में रखे के विकल्प होई।
  7. नई पेंशन योजना लागू होखले के तिथि 1/12/2004 से पुरान पेंशन योजना लागू होखले के तिथि 1/9/2022 के बीच रिटायर होखे वाले कर्मचारियन के भी पुरान पेंशन योजना के लाभ मिली।
  8. पुरान पेंशन योजना लागू कइला से संबंधित सब के काम के निपटारा वित्त विभाग के ओर से कइल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]