[the_ad_group id="30365"]

प्रधानमंत्री कइनें सुपर स्पेशियलिटी अस्पताल के शुभारंभ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शुक्रवार गुजरात के भुज में केके पटेल सुपर स्पेशियलिटी अस्पताल के शुभारंभ कइनें। एह मौका पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी लोग के वर्चुअली संबोधित कइनें। ऊ कहने कि, देश के आवे वाले 10 साल में रिकॉर्ड संख्या में नया डॉक्टर मीले वाला बानें। ऊ कहने कि, देश के हर जिला में मेडिकल कॉलेज बनावे के लक्ष्य होखे चाहे सबके खतिर मेडिकल शिक्षा के सुलभ बनावे के कोशिश, देश के आवे वाला 10 साल में रिकॉर्ड संख्या में नया डॉक्टर मीले वाला बानें सब।
एह दौरान ऊ ‘बेहतर स्वास्थ्य सुविधाओं’ के अर्थ बतवनें अउर कहनें कि ई केवल बीमारी के इलाज ले सीमित नाइ बा। ऊ सामाजिक न्याय के भी बढ़ावा देई। जब कौनो गरीब ज सस्ता अउर बेहतरीन इलाज मिलs ला, त ओकर सिस्टम में विश्वास मजबूत होला।

भुज अउर कच्छ के लोग लिख रहल बानें नया भाग्य

प्रधानमंत्री कहने कि, भूकंप से मचल तबाही के पीछे छोड़ के भुज अउर कच्छ के लोग अब अपने परिश्रम से एह क्षेत्र के नया भाग्य लिख रहह बा। आजु एह क्षेत्र में मेडिकल सुविधा मौजूद बा। एही कड़ी में भुज के आज एगो आधुनिक सुपर स्पेशियलिटी अस्पताल मिलल बा। यह अस्पताल लोगों को सस्ती कीमत पर निम्मन गुणवत्ता वाली स्वास्थ्य सेवा उपलब्ध कराई। दू दशक पहिले, गुजरात में केवल 1100 सीट वाले नौ मेडिकल कॉलेज रहल। आज हमनी के लग्गे 36 से अधिक मेडिकल कॉलेज बा, जहवा 6000 सीट उपलब्ध बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]