Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

डीडीयू में एमएड के प्रवेश परीक्षा 18 सितंबर (अतवार) के

571

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय विश्वविद्यालय गोरखपुर द्वारा आयोजित होखे वाला एमएड प्रवेश परीक्षा-2022 के समय सारिणी के जारी कर दिहल गइल बा। ई परीक्षा 18 सितंबर दिन अतवारर के दु पालियन में आयोजित कइल जाई। परीक्षा में शामिल होखे खातिर अभ्यर्थी एडमिट कार्ड विश्वविद्यालय के वेबसाइट http://ddugu.ac.in से डाउनलोड कs सकत बा लो।

बता दीं कि गोरखपुर के प्रतिष्ठित दीनदयाल उपाध्याय विश्वविद्यालय में सत्र 2022-2023 खातिर अलग-अलग कोर्सन में प्रवेश के प्रक्रिया चल रहल बा। एहि क्रम में एमएड के ई प्रवेश परीक्षा अतवार 18 सितंबर के आयोजित हो रहल बा।

332160cookie-checkडीडीयू में एमएड के प्रवेश परीक्षा 18 सितंबर (अतवार) के

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.