[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर स्टेशन पर कूड़ा बीने वाले कइले रहलें सामूहिक दुष्कर्म, पुलिस कइलस खुलासा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे स्टेशन पs सामूहिक दुष्कर्म के मामला में अतवार के तीन आरोपियन के गिरफ्तार कs लिहल गइल। आरोपी रेलवे स्टेशन के आसपास कूड़ा बीने के काम करेने सब। पूछताछ में आरोपी बतवलस कि महिला अपने दोस्त के संगे आउटर सिग्नल के लग्गे बइठल। दोस्त के पीट के भगा दिहल गइल। फेर सामूहिक दुष्कर्म के घटना के अंजाम दिहल गइल।

पुलिस तीनों आरोपियन के कोर्ट में पेश कइलस, जहां से ओकनिके जेल भेज दीहल गइल। युवती के दोस्त के भूमिका के भी जांच कइल जा रहल बा। दोस्त पुलिस के हिरासत में बा। पकड़ल गइल आरोपियन के पहचान देवरिया जिला के सलेमपुर थाना क्षेत्र के भटवा धर्मपुर निवासी राजा उर्फ इम्तियाज मुहम्मद अंसारी, गोरखपुर के शाहपुर के कृष्णा नगर चौराहा निवासी संतोष चौहान अउरी बिहार के बेगूसराय निवासी अंकित पासवान के रूप में भइल बा। सब आरोपियन के उमिर 19 से 22 वर्ष के बीच बा।

एसपी जीआरपी अवधेश सिंह अउरी एसपी क्राइम इंदु प्रभा सिंह पुलिस लाइंस में प्रेस कांफ्रेंस कर पकड़ल गइल बदमाशन के बारे में जानकारी देहलें। एसपी जीआरपी बतवलें कि सात सितंबर के साँझ युवती अपने एगो दोस्त के संगे नौका विहार घूमें गइल बा। उहां से लौटले के बाद दूनों रात में प्लेटफार्म नंबर एक के आउटर पs बइठ के बात करत रहलें। एही दौरान आइल तीन युवक आके दोस्त के पिटाई कs देहलें अउर युवती के तीन सौ मीटर आगे झाड़ी में ले जा के दुष्कर्म कइलें।

पीड़िता कइली आरोपियन के पहचान, अब कोर्ट में होई बयान

पकड़ल गइले के बाद आरोपियन के पहचान करावल गइल। एसपी जीआरपी बतवलें कि पीड़िता आरोपियन के शिनाख्त कs लेहली। अब जल्दिए कोर्ट में पीड़िता के बयान करावल जाई। ओंने, पीड़िता अब पूरा तरह से सामान्य हो चुकल बाड़ी। उनकर बीआरडी मेडिकल कॉलेज में इलाज चल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]