[the_ad_group id="30365"]

का बिहार में अपराधियन में होई भय? एडीजीपी कइलें बड़ एलान, 31 दिसंबर ले के बा टारगेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में आए दिन अपराध बढ़त जा रहल बा। अपराधियन के मन से कानून के डर हटत जा रहल बा अउरी एके लेके राजनीति भी तेज हो गइल बा। विपक्षी पार्टी भाजपा जहां जंगलराज फिर से अइले के आरोप लगा रहल बा उहवें अपर पुलिस महानिदेशक (मुख्यालय ) जितेंद्र सिंह गंगवार एगो अइसन दावा कइले बानें जेके सुन के लोग हैरान बा।
दरअसल, गंगवार कहलें कि आपराधिक गतिविधियन पर अंकुश लगावे खातिर 31 दिसंबर तक 270402 अपराधियन के गिरफ्तारी कइल जाई। उहवें करीब तीस हजार वाहन जब्त होखला के उमेद बा।

एह साल पिछले दू बरिस के तुलना में ढ़ेर अपराधी भइल बानें गिरफ्तार

एडीजीपी जितेंद्र सिंह रविवार के पुलिस मुख्यालय में मीडिया के संबोधित करत रहलें। बिहार में बिगड़ल कानून व्यवस्था के नकारत एडीजीपी कहलें कि  वर्ष 2020 में बिहार में कुल 172,187 गिरफ्तारी भइल रहे। एडीजीपी कहलें कि एह साल 2020 के तुलना में 57 अउरी वर्ष 2021 के तुलना में लगभग 37 फीसदी ढ़ेर अपराधी पकड़ल गइल बानें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]