Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Mashrak: छठ पर्व के लेके मशरक थाना परिसर में शांति समिति के बैठक

191

मशरक (सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक थाना परिसर में छठ पर्व के लेकर शांति समिति के बैठक आयोजित कइल गइल। थानाध्यक्ष रितेश कुमार मिश्रा बतवलें कि खतरनाक छठ घाटन प बैरिकेडिंग के बेवस्था करावल जाई, पुलिस बल के तैनाती सब छठ घाटन प रही। छठ के दिन तीन बजे से ट्रक के परिचालन चार घंटा खातिर बंद रही। पुलिस बल के तैनाती सब पंचायतन में रही। छठ घाटन प दंडाधिकारी आ खतरनाक घाटन प गोताखोरन के बेवस्था रही।

मौका प बहरौली के मुखिया अजीत सिंह, डूमरशन मुखिया बचा लाल साह, चांद बड़वा गांव के वार्ड सदस्य अनिल कुमार बैठा सहित दर्जनन समाजसेवी आ गण्यमान लोग शांति समिति के बैठक में उपस्थित रहल लो।

363410cookie-checkMashrak: छठ पर्व के लेके मशरक थाना परिसर में शांति समिति के बैठक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.