[the_ad_group id="30365"]

कौड़ीराम अउरी पीपीगंज रूट के बस के किराया तय, जानीं केतना खर्च करे के पड़ी रुपया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला में कौड़ीराम अउर पीपीगंज रूट पs इलेक्ट्रिक बस के संचालन शुरू होखला के बाद किराया अउर स्टॉपेज तय कs देहल गइल बा। एमें नौसड़ से कौड़ीराम खातिर यात्रियन के 37 रुपया अउरी पीपीगंज से महुआतर खातिर 21 रुपया खर्च करे के पड़ी।

महानगर में संचालित हो रहल इलेक्ट्रिक बस दायरा ग्रामीण क्षेत्र ले बढ़ गइल बा। सहजनवां अउर गीडा के बाद पिछला सप्ताह सोमार के पिपराइच से काली मंदिर अउरी पीपीगंज से महुआतर अउर मंगलवार के नौसड़ से कौड़ीराम ले इलेक्ट्रिक बस के शुरुआत भइल रहे। पिपराइच से काली मंदिर के छोड़ के बाकी दूनों रूट पर बस के किराया अउरी स्टॉपेज तय नाइ कइल गइल रहे।

इलेक्ट्रिक बस डिपो मैनेजर केके मिश्रा कहलें कि नौसड़ से कौड़ीराम अउर पीपीगंज से महुआतर रूट पर संचालित हो रहल इलेक्ट्रिक बस के किराया अउरी स्टॉपेज सर्वे के बाद तय कर दिहल गइल बा।

नौसड़-कौड़ीराम रूट

एकला- 5 रुपये
बाघागाड़ा 5 रुपये
चनउ-11 रुपये
माहोब- 11 रुपये
उंचगांव-16
सेंवई बाजार-16
महावीर छपरा-16 रुपये
मेहरौली-21 रुपये
दनवापार-21
बेलीपार-26
करिहार-26
कौड़ीराम-37

महुआतर-पीपीगंज रूट पर स्टॉपेज अउरी किराया

मानीराम- 5 रुपये
चिउटहां- 11 रुपये
जंगल कौड़िया- 16
चकिया चौराहा- 16
पैसेफिक हॉस्पिटल 16
गोलीगंज-21
पीपीगंज-21

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]