झारखंड के सरायकेला खरसावां जिला के गम्हरिया प्रखंड के “प्राइम मिनिस्टर अवॉर्ड फॉर एक्सीलेंस इन पब्लिक एडमिनिस्ट्रेशन – 2024” खातिर चुनल गइल बा. गम्हरिया प्रखंड देश भर में झारखंड के नाव रौशन भइल बा। आकांक्षी प्रखंड कार्यक्रम में गम्हरिया देश में सबसे ऊपर बा। ई पुरस्कार 21 अप्रैल के नई दिल्ली के विज्ञान भवन में दिहल जाई. गम्हरिया प्रखंड के ओर से सरायकेला खरसावां जिला के उपायुक्त रविशंकर शुक्ला के इs पुरस्कार दिहल जाई। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी इs पुरस्कार दिहे।
ई पुरस्कार 21 अप्रैल के सिविल सेवा दिवस के मौका पs दिहल जाई. सरायकेला खरसावां के उपायुक्त रविशंकर शुक्ला ई पुरस्कार लेबे खातिर नई दिल्ली रवाना हो गइल बाड़न. गम्हरिया प्रखंड के इs पुरस्कार मिलला के चलते सरायकेला खरसावां जिला के संगे पूरा राज्य में खुशी के लहर पसर गईल बा। उपायुक्त रविशंकर शुक्ला एह कार्यक्रम के साकार करे में बहुते मेहनत कइले बाड़न. सरायकेला खरसावां जिला प्रशासन एह उपलब्धि खातिर गम्हरिया प्रखंड के सगरी अधिकारियन के तारीफ करत कहले बा कि एही तरह से आगे के विकास योजना लागू कइल जाई. ताकि जनता के आपन लाभ मिलत रहे।

जानीं के हवें आईएएस रविशंकर शुक्ल
आईएएस रविशंकर शुक्ला झारखंड के 2012 बैच के अधिकारी हउवें. जमशेदपुर के करीम सिटी कॉलेज से भी पढ़ाई कइले बानी। रविशंकर शुक्ला के परिवार मूल रूप से उत्तर प्रदेश के देवरिया जिला के हs। पिताजी न्यायिक सेवा में रहल बाड़े। रविशंकर शुक्ला झारखंड के अलग-अलग जिला में उपायुक्त के रूप में काम कs चुकल बाड़े। उs लातेहार, हजारीबाग, पूर्वी सिंहभूम, दुमका के डीसी रहल बाड़े।
दुमका जिले में लैंड रिकॉर्ड मॉडर्नाइजेशन खातिर उनुका के सम्मानित कइल गइल

दुमका जिला में भूमि रिकार्ड आधुनिकीकरण पs कइल काम खातिर एह जिला के राष्ट्रपति के तरफ से भूमि पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल. साल 2024 में राष्ट्रीय मतदाता दिवस पर भी राज्यपाल द्वारा सम्मानित कइल गइल। एकरा अलावे हजारीबाग के उपायुक्त होखला के संगे उनुका के स्वच्छता के दिशा में काम करे खातीर राष्ट्रीय स्तर पs भी सम्मानित कईल गईल बा। रविशंकर शुक्ला के पत्नी नेहा अरोड़ा भी झारखंड के 2012 बैच के आईएएस बाड़ी।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन