भूकंप के झटका से कांपल कश्मीर के धरती, लोगन में दहशत, अफगानिस्तान में रहे केंद्र

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 19, 2025

अफगानिस्तान में आइल 5.9 तीव्रता के भूकंप के असर जम्मू कश्मीर में भी महसूस कइल गइल। जम्मू-कश्मीर में आईल भूकंप से जनता में दहशत मच गईल अवुरी उs लोग घर से बाहर भाग गईले। जानकारी

Share

भूकंप

अफगानिस्तान में आइल 5.9 तीव्रता के भूकंप के असर जम्मू कश्मीर में भी महसूस कइल गइल। जम्मू-कश्मीर में आईल भूकंप से जनता में दहशत मच गईल अवुरी उs लोग घर से बाहर भाग गईले। जानकारी के मुताबिक भूकंप के केंद्र अफगानिस्तान-तजाकिस्तान सीमा पs रहे। भूकंप के गहराई धरती से 86 किलोमीटर नीचे रहे। फिलहाल भूकंप के चलते जान-माल के नुकसान के बारे में कवनो जानकारी नईखे। रात के 12.17 बजे भूकंप के झटका महसूस भईल।

भूकंप के झटका के अहसास होखते लोग घर से बाहर खुला जगह पs आ गईले। भूकंप के डर लोग के चेहरा पs देखाई देवे लागल। अफगानिस्तान आ पाकिस्तान से लेके जम्मू-कश्मीर ले के धरती भूकंप के तेज भूकंप से हिल गईल बा। पाकिस्तान में भी भूकंप के झटका महसूस भइल। बता दीं कि एकरा से पहिले भी एह इलाकन में बड़हन भूकंप आइल बा जवना से जान-माल के भारी नुकसान भइल बा.

शनिचर के भी घाटी में भूकंप आईल रहे

एकरा से पहिले शनिचर (12 अप्रैल) के भी जम्मू-कश्मीर में भूकंप के झटका महसूस भईल। शनिचर के दुपहरिया करीब एक बजे मध्यम तीव्रता वाला भूकंप आइल जवना के केन्द्र पाकिस्तान में रहल. एह भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 5.8 नापल गइल। एह भूकंप के केन्द्र पाकिस्तान में रहे आ ई जमीन से 10 किलोमीटर नीचे के गहिराई पs आइल रहे। हालांकि भूकंप के चलते कवनो जान-माल के नुकसान ना भईल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.