झारखंड: बोकारो में सुरक्षाबलन के साथे मुठभेड़ में 6 गो नक्सली ढेर, रुक-रुक के गोलीबारी जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 21, 2025

झारखंड के बोकारो जिला में सोमार के दिने केन्द्रीय रिजर्व पुलिस बल के कोबरा कमांडो से भइल मुठभेड़ में छह गो नक्सली मारल गइले. जिला के लालपनिया इलाका के लुगु हिल्स में सबेरे करीब साढ़े

Share

बोकारो में सुरक्षाबलन के साथे मुठभेड़ में 6 गो नक्सली ढेर

झारखंड के बोकारो जिला में सोमार के दिने केन्द्रीय रिजर्व पुलिस बल के कोबरा कमांडो से भइल मुठभेड़ में छह गो नक्सली मारल गइले. जिला के लालपनिया इलाका के लुगु हिल्स में सबेरे करीब साढ़े पांच बजे मुठभेड़ भईल। जानकारी देत ​​सीआरपीएफ कहलस कि ‘209 कमांडो बटालियन फॉर रिजोल्यूट एक्शन’ (कोबरा) के जवानन से भइल मुठभेड़ में छह गो नक्सली मारल गइल आ एगो इंसास राइफल आ एगो ‘सेल्फ लोडिंग राइफल’ जब्त कs लिहल गइल. अबे ले कवनो जवान के घायल होखे के खबर नईखे। रुक-रुक के फायरिंग जारी बा

कोबरा सीआरपीएफ के एगो खास इकाई हs जवन जंगल युद्ध के रणनीति में दक्षता खातिर जानल जाला।

इहो पढ़ीं: वक्फ कानून के बाद अब UCC के बारी? BJP जारी कईलस वीडियो

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.