[the_ad_group id="30365"]

G20 summit : मार्च में G20 के विदेश मंत्रियन के बैठक के मेजबानी कs सकत बा भारत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत मार्च महीना के पहिला हफ्ता में जी20 देसन के विदेश मंत्रियन के मेजबानी कs सकत बा आ ऊ यूक्रेन संघर्ष समेत वैश्विक चुनौतियन से निपटला पs चरचा कs सकत बा। घटनाक्रम के जानकारीराखे वाला लोग बियफे के ई जानकारी दिहल।

भारत के नवंबर में बाली में भइल समूह के वार्षिक सम्मेलन में एकर अध्यक्षता देवे के घोषणा भइल रहे आ ऊ आधिकारिक रूप से पिछिल एक दिसंबर के जी20 के अध्यक्षता संभरलस।

घटनाक्रम के जानकार लोग कहल कि भारत जी20 के विदेश मंत्रियन के बैठक नई दिल्ली में एक आ दु मार्च के आयोजित करे पs विचार कर रहल बा। हालांकि तारीख तय नइखे भइल।

इस साल होखे वाला जी20 के वार्षिक सम्मेलन से पहिले भारत कइयन गो बैठक आ कार्यक्रमन के मेजबानी करी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]