Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

827
  1. बिहार: देश के यात्रा पs निकलिहें नीतीश कुमार: बगहा से करिहें समाधान यात्रा के सुरूआत; कहलें- पहिला अपना राज्य के विकास देख रहल बानी
  2. बिहार: पटना के छात्रा से रात में दु बेर गैंगरेप भइल: पहिले 3 लईका लोग कइल दुष्कर्म; दोस्त के घरे ले जाके फेर पांच लोग कइल दरिंदगी।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी आई, मिलके पूरा करी प्रधानमंत्री के सपना, मुंबई में उधमियन से मुलाकात कs के बोललें सीएम योगी।
  4. उत्तर प्रदेश: कांग्रेस नेता हुसैन दलवई बोललें- भगवा वस्त्र के जगह मॉडर्न कपड़ा पहिनस सीएम योगी। विवाद भइल खड़ा।
  5. झारखंड: NIA के राडार पs एक करोड़ के इनामी नक्सली समर दा, पश्चिमी सिंहभूम पुलिस घर पs चिपकवलस इश्तेहार।
  6. राम मंदिर तइयार होखे के तारीख आ गइल: अमित शाह कहलें- राहुल गांधी नोट कs लेस 1 जनवरी 2024 के बन जाई रामलला के मंदिर।
  7. सम्मेद शिखर पs ना होई इको टूरिज्म एक्टिविटी: केंद्र सरकार जैन समुदाय के मांग मनलस, नशीला पदार्थ के बिक्रियो पs रोक।
  8. हल्द्दानी में रेलवे के जमीन पs बुलडोजर बा चली: HC के आदेस पs सुप्रीम कोर्ट के रोक, कहलस- 50 हजार लोगन के रातों-रात उजाड़ल नइखे जा सकत।
  9. अफगानिस्तान में PAK फौज के एयरस्ट्राइक: पाकिस्तान तालिबान के ठिकानन के निशाना बनवलस, 4 आम नागरिक मारल गइल लोग।
  10. भारत-श्रीलंका दूसरका टी-20: भारत टॉस जीतके बॉलिंग चुनलस; त्रिपाठी करिहें डेब्यू, हर्षल के जगे अर्शदीप के मौका।
433090cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.