[the_ad_group id="30365"]

G20 सर्वदलीय बैठक: चुनावी सरगर्मी खत्म होखले के बाद विपक्षी नेता लोग के संगे ठहाका लगावत दिखलें PM मोदी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत हालही में दुनिया के 20 प्रमुख अर्थव्यवस्था के संगठन जी-20 के अध्यक्षता सम्हरले रहे। सितंबर 2023 में भारत में जी-20 के शिखर सम्मेलन आयोजित कइल जाई। एकर तैयारियन के अंतिम रूप देवे के ले के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में सोमार के सर्वदलीय बैठक भइल।
एह दौरान पीएम एक-एक कs के राजनीतिक दल के प्रमुख नेता लोग के मिलले। एहमें कांग्रेस नेता मल्लिकार्जुन खरगे से ले के आम आदमी पार्टी के अरविंद केजरीवाल तक शामिल रहनें। कार्यक्रम के जौन तस्वीर अब ले सोझे आइल बा, ओमें पीएम मोदी के संगे एह नेता लोग के हल्का-फुल्का पल साझा करत दिखाई दिहले बानें।
कांग्रेस नेता मल्लिकार्जुन खरगे के साथ पीएम मोदी।
पीएम मोदी कांग्रेस के अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे से बातचीत कइलें।
लेफ्ट नेता सीताराम येचुरी के साथ पीएम मोदी।

जी20 खातिर बुलावल गइल बैठक में पीएम नरेंद्र मोदी के संगे लेफ्ट पार्टी के नेता सीताराम येचुरी भी दिखलें। बातचीत के दौरान दूनों लोग ठहाका लगावत नजर अइलें।

पीएम मोदी के साथ अरविंद केजरीवाल और ममता बनर्जी।
बंगाल की सीएम ममता बनर्जी और आंध्र प्रदेश के मुख्यमंत्री जगन से बातचीत के दौरान पीएम मोदी।

 

जी20 बैठक से पहिले पीएम मोदी के संगे बंगाल के सीएम ममता बनर्जी अउर आंध्र प्रदेश के मुख्यमंत्री जगन मोहन रेड्डी भी गहन चर्चा करत दिखलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]