Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

देश के सबसे बड़ ड्रोन शो: 15 मिनट में देखावल गइल 90 साल के स्वतंत्रता संग्राम, सतरंगी रोशनी से जगमगा उठल आसमान

564

काकोरी बलिदान दिवस समारोह के समापन पs महंत दिग्विजय नाथ पार्क में इतिहास रचल गइल। इहां स्वतंत्रता आंदोलन के अमर सेनानियन के शौर्य गाथा के प्रस्तुतीकरण देश के सबसे बड़ ड्रोन शो के माध्यम से खाली 15 मिनट में भइल।

750 ड्रोन मिल के स्वतंत्रता संग्राम के इतिहास के सतरंगी चित्रण क के सबके मन मोह लिहलें सब। सभे एह ऐतिहासिक घरी के अपने मोबाइल में कैद करे खातिर लालायित दिखल। एह ऐतिहासिक कार्यक्रम के गवाह खुद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बननें।

 

ड्रोन शो का आयोजन
आजादी के अमृत महोत्सव के तहत आयोजित काकोरी बलिदान दिवस पर सोमार के काकोरी कांड के सेनानियन के याद में रामगढ़ताल स्थित महंत दिग्विजय नाथ पार्क में  ऐतिहासिक ड्रोन शो के आयोजन भइल।
ड्रोन शो का आयोजन
750 ड्रोन मिलके 1857 से ले के 1947 तक देश के आजादी के लड़ाई के विभिन्न घटनाक्रम जइसे काकोरी ट्रेन ट्रेन एक्शन, स्वतंत्रता आंदोलन से जुड़ल क्रांतिकारियन के सजीव चित्रण कइल गइल।
ड्रोन शो का आयोजन

750 ड्रोन कैमरा के माध्यम से संगीत, लेजर लाइट अउर रंग-बिरंगा कलाबाजी प्रस्तुत कs के अमर शहीदन के याद कइल गइल।
ड्रोन शो का आयोजन
एकरे साथही देश के संसद भवन, गोरखनाथ मंदिर, अयोध्या आदि के भी ड्रोन के माध्यम से दिखावल गइल। भारत माता के अमर शहीदन के बलिदान अउर उनकर गाथा से पूरा आसमान रोशन हो गइल। अइसन बुझात रहे, जइसे ई सब घटना एही आसमान के निच्चे होत होखे। 15 मिनट के शो के समाप्ति के बाद भारत माता अउर अमर शहीदन के जयघोष से वातावरण गूंज गइल।
415510cookie-checkदेश के सबसे बड़ ड्रोन शो: 15 मिनट में देखावल गइल 90 साल के स्वतंत्रता संग्राम, सतरंगी रोशनी से जगमगा उठल आसमान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.