[the_ad_group id="30365"]

फुकरे’ एक्टर पुलकित सम्राट आ कृति खरबंदा जल्दीए लीहें सात फेरा, सादी के कार्ड भइल लीक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

‘फुकरे’ के अभिनेता पुलकित सम्राट अपना बियाह के खबर के चलते आजुकाल्हु सुर्खियन में बा। अभिनेता बहुत दिन से अभिनेत्री कृति खरबंदा के डेट करत बाड़े। दुनों के बीच प्यार के रिश्ता बा अवुरी अब दुनो लोग एs नाया नाम के राखे के फैसला कईले बाड़े। हाल ही में दुनो लोग के शादी के कार्ड लीक हो गईल बा, जवना के झलक देखला के बाद प्रशंसक के पता चलल बा कि दुनो लोग बियाह खातीर पूरा तरीका से तैयार बाड़े। बियाह के कार्ड वायरल हो रहल बा अवुरी लोग एकरा के बहुत पसंद करत बाड़े। ई आम कार्ड से बिल्कुल अलग होला।

खूबसूरत शादी के कार्ड बा

खुलासा भईल कार्ड एनीमेशन आधारित बा, जवना में एगो लईका बालकनी में गिटार लेके बईठल बा। एगो लईकी भी बईठल ब। दुनु जाना एक संगे समुंदर के ओर देख रहल बाड़े। दुनो के संगे-संगे एकरा में दुगो कुकुर भी देखाई देतारे। एकरा प एगो कैप्शन भी लिखल बा कि ‘अब इंतजार नईखे होखत कि हम अपना दोस्तन के संगे जश्न मनाईं।’ प्यार, पुलकित अउर कृति’। एह वायरल कार्ड के देखला के बाद प्रशंसक एह जोड़ी के बधाई दे रहल बाड़े। एगो प्रशंसक लिखले बाड़न कि अब इंतजार नइखे होखत। जबकि एगो लिखले बा कि ‘उनुका के बधाई, ई कार्ड अतना सुन्दर बा।’ अगर खबर पs विश्वास करे के बा तs दुनो के बियाह 13 मार्च के होई।

सगाई के तस्वीर वायरल भइल रहे

बता दीं कि आखिरी बेर ‘फुकरे’ में देखल गइल अभिनेता पुलकित सम्राट कृति खरबंदा से बहुते दिन से डेट करत बाड़न। दुनु जाना बहुत पहिले दुनिया के सामने आपन प्यार के घोषणा कईले रहले। हालही में एह लोग के सगाई के खबर बहुते लाइमलाइट पकड़ लिहलस। असल में एगो पोस्ट वायरल भइल जवना में कृति खरबंदा आ पुलकित के परिवार एक संगे देखल गइल आ जवन तस्वीर सामने आइल ओहमें कृति आपन अंगूठी देखावत रहली। ई पोस्ट पुलकित सम्राट के बहिन शेयर कइले बाड़ी।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]