[the_ad_group id="30365"]

डांस रियलिटी शो में मनीषा रानी बनली ‘झलक दिखला जा 11’ के विनर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डांस रियलिटी शो झलक दिखला जा के 11वां सीजन खतम हो गइल । शो के ग्रैंड फाइनल काफी विस्फोटक रहल। शो के जज के संगे – संगे दर्शकन के दिल सभे अपना अभिनय से जीत लिहले । बाकिर दर्शकनऽ के आपन डांस से दिल जीत लिहलस ऊ दोसर कोई ना बिहार के मनीषा रानी हईं। मनीषा ‘झलक दिखला जा 11’ के विजेता के खिताब जीत लिहली। मनीषा शोएब इब्राहिम आ अद्रिजा सिन्हा के हरा के विजेता के ट्रॉफी जीत लिहली । एकरा संगे मनीषा के भारी रकम मिललऽ।

 

एक बार फिर वाइल्ड कार्ड प्रतियोगी इतिहास रचलखऽ

शो के बीच में मनीषा रानी वाइल्ड कार्ड एंट्री कइली । मनीषा के संगे धनश्री वर्मा, शोएब इब्राहिम, अदरीजा सिन्हा आ श्रीराम चंद्र टॉप 5 फाइनल में चहुँप गइलन जवना में जनता से मिलल वोट का आधार पs मनीषा, शोएब आ अद्रिजा टॉप 3 में आपन जगहा बना लिहले । जबकि आखिरी में मनीशा शोएब इब्राहिम आ अद्रिजा सिन्हा के हरा के विजेता के ट्रॉफी जीत लिहली । बता दीं कि ई दुसरका बेर बा जब कवनो वाइल्ड कार्ड प्रतियोगी एह शो में जीत हासिल कइले बा । एकरा से पहिले यूट्यूबर एल्विश यादव बिग बॉस ओटीटी 2 में वाइल्ड कार्ड के रूप में जीत हासिल कईले रहले आ ए शो के विजेता बन गईले। मनीषा बिग बॉस ओटीटी 2 के भी हिस्सा रहली।

मनीषा रानी बॉलीवुड जाए के चाहत बाड़ी

मनीषा रानी के विजेता बने के ट्राफी के संगे 30 लाख रुपया मिललऽ। साथही उनकर कोरियोग्राफर आशुतोष पवार के दस लाख रुपिया मिललऽ । एकरा संगे-संगे दुनो लोग के दुबई के नजदीक एगो द्वीप के ट्रिप मिललऽ। मनीषा बिग बॉस ओटीटी 2 के संगे लाइमलाइट में अइली। सोशल मीडिया पs ऊ एगो जानल मानल चेहरा हउवें । उनकर बात करे के तरीका खाली प्रशंसकन के ना बल्कि सितारन के दिल जीत लेला ।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]