[the_ad_group id="30365"]

बर्थडे : अनुपम खेर के जन्मदिन पs रोचक खिस्सा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आज अनुपम खेर जी के जन्मदिन हs। अनुपम खेर जी के जनम 07 मार्च 1955 के शिमला में भइल रहे। अगर अनुपम खेर साहब के बात करीं तs फिल्म सारंश के जिक्र जरूर कइल जाव। संक्षेप में कहल जाव तs उनुका कइल काम के जतना तारीफ कइल जा ओतने कम बा। एगो बहुते रोचक कहानी फिल्म सारांश से जुड़ल बा। असल में महेश भट्ट सारांश में मुख्य भूमिका खातिर अनुपम के फाइनल कs दिहले रहले।बाकिर फिल्म के निर्माता चाहत रहले कि संजीव कुमार एह किरदार के निभावे। निर्माता अतना बड़ फिल्म में कवनो नया अभिनेता पs रिस्क ना लेबे के चाहत रहले। निर्माता लोग के जिद के आगे झुकत महेश भट्ट अनुपम खेर से कहले कि, “अनुपम, आप फिल्म में कवनो अवुरी किरदार करी। इs भूमिका संजीव कुमार साहेब करीहे। फिल्म के निर्माता इहे चाहतारे।”

महेश भट्ट से ई बात सुन के अनुपम के बहुत बुरा लागल। उs बहुत दुखी हो गईले। एतना कि उs रोवे लगले अवुरी कहले कि महेश भट्ट झूठा अवुरी धोखेबाज़ हवे। अनुपम के रोवत देख महेश भट्ट के बहुत बुरा लागल। महेश फिल्म के निर्माता लोग के लगे जाके कहले कि ई फिलिम तबे बनावल जा सकेला जब अनुपम के मुख्य किरदार में कास्ट कइल जाई। आखिरकार निर्माता महेश भट्ट सहमत हो गइलें आ अनुपम खेर सारांश में मुख्य किरदार निभवले। एकरा बाद जवन भईल उs इतिहास हs। सबके माने के पड़ी कि अनुपम खेर बेजोड़ अभिनेता हउवें। अनपुम के सारांश के रिलीज के महज दस दिन बाद लगभग 100 फिल्म के ऑफर मिलल रहे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]