[the_ad_group id="30365"]

FTA : इंडोनेशिया में लगी भारत-ब्रिटेन के बीच मुक्त व्यापार समझौता पर मुहर, नवंबर में मिलिहें मोदी अउर सुनक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत अउर ब्रिटेन के बीच बहुप्रतीक्षित मुक्त व्यापार समझौता (एफटीए) पर इंडोनेशिया के बाली में नवंबर मध्य में होखे वाले जी-20 शिखर सम्मेलन के बैठक में मुहर लगी। एह बैठक के इतर ब्रिटेन के नवनिर्वाचित पीएम ऋषि सुनक अउर पीएम मोदी के बीच द्विपक्षीय वार्ता होई।

एफटीए पर अंतिम फैसला खातिर दूनों ही देश में तैयारी शुरू हो गइल बा। गौरतलब बा कि बियफ़े के पीएम मोदी ब्रिटिश पीएम सुनक से फोन पर बातचीत कइले रहनें। एह बातचीत में दूनो एफटीए के प्रति आपन-आपन प्रतिबद्धता जाहिर कइले रहनें।

बाली में होखेजा रहल जी-20 शिखर सम्मेलन कई दूसरे कारण से अभीन से चर्चा में बा। एह बैठक में चीन के राष्ट्रपति शी जिनपिंग भी हिस्सा लीहें। एकरे कारण शंघाई सहयोग संगठन (एससीओ) की हाल में उज्बेकिस्तान के राजधानी समरकंद में भइल बैठक के तर्ज पर जिनपिंग-मोदी के मुलाकात पर कयास के बाजार गर्म बा।

गौरतलब बा कि एससीओ के बैठक में पीएम मोदी जिनपिंग से दूरी बनवले रहने। चर्चा के बाजार गर्म एहलिए भी बा कि हाल ही में शी जिनपिंग के बतौर राष्ट्रपति तीसरा कार्यकाल मिलले के बाद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी उनके बधाई देहले से दूरी बरतले बानें। 

अड़चन के दूर करे में जुटान

सरकारी सूत्रन के मुताबिक बाली में हखे वाली द्विपक्षीय वार्ता में एफटीए पर मुहर लागल तय बा। एकरे मद्देनजर दूनों देश लगातार एह समझौता के अड़चन दूर करे में जुटल बा। अड़चन के दूर करे खातिर दूनों ही पक्ष के बीच बातचीत लगातार जारी बा। चूंकि बियफ़े के दूनों देश के पीएम एकरे प्रति प्रतिबद्धता जाहिर कइलें बानें। अइसन में बाली में होखे वाली द्विपक्षीय वार्ता में एफटीए पर मुहर लगावे के कवायद शुरू हो गइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]