[the_ad_group id="30365"]

Indian Railways: रांची-पटना जनशताब्दी एक्सप्रेस रात 9 बजे आ हटिया-टाटानगर पैसेंजर 10:30 बजे खुली 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Indian Railways: धनबाद मंडल के गुरपा स्टेशन प भइल रेल दुर्घटना के वजह से चार दिनन से ट्रेनन के आवागमन पूरा तरे से बाधित हो गइल रहे। सुक के डाउन लाइन प दिन में एक बजे पहिला बेर मालगाड़ी के परिचालन कइल गइल। बतावल गइल बा कि एह रेल लाइन प एगो मालगाड़ी के चलावल गइल। हालांकि, आजो कइयन गो ट्रेन बदलल मार्ग से चल रहल बा। रांची-पटना जनशताब्दी एक्सप्रेस रात के 9 बजे छूटी, त हटिया-टाटानगर पैसेंजर ट्रेन हटिया से 10:30 बजे रवाना होई।

4 दिन से लेट चल रहल बिया रांची-पटना जनशताब्दी एक्सप्रेस

दक्षिण पूर्व रेलवे के ओर से सुक के ई जानकारी दिहल गइल। एमे बतावल गइल बा कि दिन में 2:25 बजे रांची से पटना के खातिर रवाना होखे वाली 12366 रांची-पटना जनशताब्दी एक्सप्रेस ट्रेन आज माने 28 अक्टूबर के रात 9 बजे रवाना होई। पूर्व मध्य रेलवे के गोमो आ मानपुर रेलखंड प भइल रेल दुर्घटना के वजह से अइसन भइल बा। ई ट्रेन पिछला 4 दिन से अपना तय समय से विलंब से जा रहल बिया। 08196 हटिया-टाटानगर पैसेंजर ट्रेन के 28 अक्टूबर के प्रस्थान समय बदल दिहल गइल बा। ई ट्रेन अपना निर्धारित समय सांझ 6:10 बजे के बजाय अब 260 मिनट विलंब से रात के 10:30 बजे हटिया से प्रस्थान करी।

ट्रेन दुर्घटना के बाद बदलल गइल दर्जनन ट्रेनन के रूट

बता दीं कि 26 अक्टूबर के धनबाद-गया रेलखंड प कोयला लदल मालगाड़ी के 50 से बेसी डिब्बा पटरी से उतर गइल रहे। एकरा वजह से दर्जनन ट्रेनन के रूट बदले के पड़ल। दक्षिण पूर्व रेलवे के ओर से सुक के बतावल गइल कि 12366 रांची-पटना जनशताब्दी एक्सप्रेस के समय में बदलाव कइल गइल बा।

साढ़े छव घंटा लेट बिया रांची-पटना जनशताब्दी एक्सप्रेस

ई ट्रेन अपना निर्धारित समय 14:25 बजे के स्थान प 395 मिनट माने करीब साढ़े छव घंटा देर से रवाना होई। ई ट्रेन आज रात के 21:00 बजे रांची से प्रस्थान करी। एतने ना, रांची से खुले भा रांची आने वाला आउर कइयन गो ट्रेनन के रूट बदल दिहल गइल बा।

साभार: प्रभात खबर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]