[the_ad_group id="30365"]

मेटा के झटका, तुर्की में लागल 153 करोड़ के जुर्माना, प्रतिस्पर्धा कानून तुड़ले के ले के भइल कार्रवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फेसबुक के मूल कंपनी मेटा पर तुर्की के प्रतिस्पर्धा कानून तूड़े खातिर जुर्माना लगावल गइल बा। कंपनी पर करीब 346.72 मिलियन टर्किश लीरा (लगभग 153 करोड़ रुपया) या 18.63 मिलियन डॉलर के जुर्माना लगावल गइल। तुर्की प्राधिकरण एगो बयान में कहलस कि कंपनी व्यक्तिगत सोशल नेटवर्किंग सर्विस अउर ऑनलाइन वीडियो एडवरटाइजमेंट मार्केट में एगो प्रमुख स्थान पर ह, अउर कंपनी मुख्य सर्विस फेसबुक, इंस्टाग्राम अउर व्हाट्सएप के माध्यम से एकत्र कइल गइल डाटा के मर्ज कsके प्रतिस्पर्धा के बाधित कइलस। बता देईं कि मेटा के स्वामित्व वाले व्हाट्सएप पर भारत में भी डाटा प्राइवेसी के ले के प्रतिस्पर्धा आयोग के जांच चल रहल बा।

उहवें मेटा के एक प्रवक्ता जुर्माना पर सफाई देत कहलें कि उ तुर्की प्रतिस्पर्धा प्राधिकरण के निष्कर्ष से सहमत नइखे। प्रवक्ता कहलें कि मेटा यूजर्स के गोपनीयता के रक्षा करsला अउर लोग के उनके डाटा पर पारदर्शिता अउर कंट्रोल देला। ऊ कहलें कि कंपनी सब विकल्प पर विचार करी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]