[the_ad_group id="30365"]

मार्च 2023 ले गोरखपुर के धुरियापार में बने लगी बायोगैस, PM मोदी कs सकतने लोकार्पण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

धुरियापार के कंप्रेस्ड बायोगैस (सीबीजी) प्लांट से मार्च 2023 ले उत्पादन शुरू हो जाई। प्रतिदिन 230 टन कचरा से 28 टन बायोगैस बनावल जाई। एकर निर्माण कार्य दिसंबर 2022 ले पूरा होई। बायोगैस प्लांट के लोकार्पण प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अउर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कs सकतने। बायोगैस के ‘इंडि ग्रीन’ नाम दिहल गइल बा।

इंडियन ऑयल कारपोरेशन लिमिटेड (आईओसीएल) गोरखपुर के धुरियापार में 160 करोड़ रुपया से बायोगैस प्लांट लाग रहल बा। मानल जा रहल बा कि प्लांट में उत्पादन शुरू होखले के संगही क्षेत्र के आर्थिक अउरी सामाजिक परिस्थिति बदल जाई। प्रत्यक्ष अउरी अप्रत्यक्ष रूप से करीब 500 लोग के रोजगार मिली। कंप्रेस्ड बायोगैस प्लांट चलवले के तैयारी पूरा कs लेहल गइल बा।

गोरखपुर अउर एकरे आसपास के चीनी मिल के प्लांट से जोड़ल गइल बा। आसपास के ग्रामीण अउरी किसान से गोबर अउर पुआल खरीदल जाइल। एसे किसानन के आमदनी बढ़ी। गोबर अउरी पुआल के सही इस्तेमाल कइल जा सकी। अभिन पुआल के खेत में जरा दिहल जाला, जेसे प्रदूषण फइलsला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]