गोरखपुर। खुद के जीएसटी अधिकारी बता के बाइक सवार जालसाज सराफा बेयपारी के कर्मचारी से 9 लाख 50 हजार रुपिया ठग ले गइले सs। ई घटना राजघाट थाना क्षेत्र के घंटाघर इलाका में सबेरे करीब 11:15 बजे भइल। रुपिया से भरल बैग देख के जालसाज जीएसटी के कागजात मंगले सs। कर्मचारी जइसही दुकान के ओर गइल, ओह बीच दुनो जालसाज रुपिया लेके फरार हो गइले सs। सूचना मिलतही पुलिस मवका पs पहुंच के सीसीटीवी कैमरा के फुटेज के सहारे आरोपियन के पहचान में जुट गइल बिया।
पीपीगंज के रहे वाला बलिराम जायसवाल के घंटाघर इलाका में गहना के दुगो दुकान बा। सुक के सबेरे 11:15 बजे उनकर कर्मचारी संजय पाल 9.50 लाख रुपिया नकद लेके गीता प्रेस रोड इस्थित पंजाब नेशनल बैंक में जमा करे जात रहे। जइसही ऊ मुंबई क्लॉथ हाउस (कालीबाड़ी मंदिर के लगे) पहुंचल, बाइक पs सवार दुगो जुवक ओकरा लगे आ गइले सs।
ओकरा में से एगो जुवक खुद के जीएसटी अधिकारी बता के कर्मचारी पs रौब जमावे लागल। ओकरा बाद कर्मचारी से रुपिया वाला झोला ले लिहल आ जीएसटी के कागजात मांगे लागल। जब कर्मचारी कहलस कि कागजात दुकान पs बा, तs जालसाज कहलस- “ले आवs”, आ झोला अपने लगे रख लेलस। घबराइल कर्मचारी जइसही कागजात लेवे दुकान लवटल, ओह बीच आरोपित अपना साथी संगे बाइक से फरार हो गइल।
घटना के बाद बेयपारी राजघाट थाना में लिखित तहरीर देले बाड़ें। ओने, सूचना मिलतही सीओ कोतवाली सहित पुलिस अधिकारी मवका पs पहुंच के आसपास लागल सीसीटीवी कैमरा के फुटेज खंगारे लागल। एह घटना के बाद घंटाघर इलाका के बेयपारियन में बड़ गुस्सा बा। बेयपारी लोग कहत बा कि दिनदहाड़े अइसन वारदात सुरक्षा बेवस्था पs बड़ सवाल खड़ा करत बा।
एसपी सिटी अभिनव त्यागी बतवलें कि ममिला के गंभीरता से जांच हो रहल बा। सीसीटीवी फुटेज के आधार पs टप्पेबाजन के पहचान करे के कोसिस जारी बा आ बहुते जल्दी ममिला के खुलासा कs दिहल जाई।
Read Also: Magh Purnima 2026 : माघ पूर्णिमा काल्ह, एह दिन करीं ई खास उपाय, सुख-समृद्धि के संगे खूब मिली धन









