Magh Purnima 2026 : माघ पूर्णिमा काल्ह, एह दिन करीं ई खास उपाय, सुख-समृद्धि के संगे खूब मिली धन

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 31, 2026

Magh Purnima 2026 : अतवार, 01 फरवरी के माघ पूर्णिमा बा। हिंदू धरम में माघ पूर्णिमा के बहुते बड़ महत्त्व होला। एह दिन के माघी पूर्णिमा कहल जाला। माघ पूर्णिमा के मवका पs देस भर

Share

Magh Purnima 2026 Ganga Snan and Puja Rituals

Magh Purnima 2026 : अतवार, 01 फरवरी के माघ पूर्णिमा बा। हिंदू धरम में माघ पूर्णिमा के बहुते बड़ महत्त्व होला। एह दिन के माघी पूर्णिमा कहल जाला। माघ पूर्णिमा के मवका पs देस भर के पवित्र नदियन में बहुते भीड़ देखे के मिलेला आ प्रयागराज के संगम तट पs लागे वाला माघ मेला के आखिरी पवित्र नहान एही दिन होला।

हिंदू मान्यता के अनुसार, पूर्णिमा तिथि बहुते सुभ मानल जाला। एह दिन दान, स्नान, जप आ पुण्य काम करे से खास फल मिलेला। कहल जाला कि माघी पूर्णिमा के दिन पवित्र नदी में स्नान करे से अक्षय पुण्य के प्राप्ति होला आ हर तरे के दुख-कष्ट दूर हो जाला। एह दिन माघ महीना समाप्त हो जाला आ फाल्गुन महीना के सुरुआत होला। माघ पूर्णिमा के दिन कुछ खास उपाय करे से सुख-समृद्धि आ धन-वैभव में बढ़न्ती होला।

माघ पूर्णिमा के उपाय

1- पवित्र नदी में नहइला के महत्त्व

  • माघ पूर्णिमा के दिन आसपास के कवनो पवित्र नदी में नहान जरूर करे के चाहीं।
  • गंगा नहान करे से सुभ फल बढ़ेला आ अक्षय पुण्य मिलेला।
  • नहइला के बाद भगवान विष्णु के विधि-विधान से पूजा करे से पाप नाश होला।

2- भगवान विष्णु आ मां लक्ष्मी के पूजा

  • पूर्णिमा तिथि भगवान विष्णु आ मां लक्ष्मी के बहुते प्रिय होला।
  • एह दिन सबेरे उठ के गंगा नहइला के बाद लक्ष्मी-नारायण के पूजा करे के चाहीं।
  • एकरा से घर में धन के कमी ना होला आ संतान सुख में आवे वाली बाधा दूर होला।

3- सोना किनल सुभ होला

  • पूर्णिमा के दिन सोना किनल बहुते सुभ मानल जाला।
  • रवि पुष्य योग में सोना लेवे से धन-धान्य में बढ़न्ती होला।
  • एह दिन श्रीसूक्त भा कनकधारा स्तोत्र के पाठ करे के चाहीं।

4- पीपल के पेड़ के पूजा

  • हिंदू धरम में पीपल के पेड़ के खास महत्त्व होला, एमे सब देवी-देवता के वास मानल जाला।
  • माघ पूर्णिमा के दिन पीपल पs दूध मिलावल जल चढ़ाईं आ घी के दीया जराईं।
  • एकरा से घर-परिवार में सुख-शांति बनल रही।

5- माघी पूर्णिमा पs दान के महत्त्व

  • माघी पूर्णिमा पs दान करे से सौभाग्य आ सुख में बढ़न्ती होला।
  • जरूरतमंद लोगन के कपड़ा, धन आ तिल से बनल चीज दान करे के चाहीं।
  • एह दिन भगवान सत्यनारायण के कथा सुने से विष्णु जी आ माई लक्ष्मी के किरपा मिलेला।

6- पितरन के तर्पण

  • माघी पूर्णिमा पs पितरन के तर्पण करे से पितृदेव प्रसन्न होला।
  • एकरा से उमिर, स्वास्थ्य आ परिवार के उन्नति होला।

Read Also: iPhone 16e पs मिल रहल बा तगड़ा डिस्काउंट, Amazon-Flipkart ना… इहां बा सानदार डील

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.