Patna Road Accident : पटना में यात्रियन से भरल ऑटो में ट्रक मरलस टक्कर 6 के मौत, 2 घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 1, 2026

पटना। अतवार के भोर में मनेर दरगाह के उर्स मेला देख के टेम्पू से घर लवट रहल यात्रियन से भरल ऑटो में एगो अनियंत्रित ट्रक जोरदार टक्कर मार देलस। ई हादसा बिहटा-आरा मुख्य मार्ग पs

Share

Indian Army bulletproof vehicle falls into deep gorge in Doda district of Jammu and Kashmir

पटना। अतवार के भोर में मनेर दरगाह के उर्स मेला देख के टेम्पू से घर लवट रहल यात्रियन से भरल ऑटो में एगो अनियंत्रित ट्रक जोरदार टक्कर मार देलस। ई हादसा बिहटा-आरा मुख्य मार्ग पs परेव, लेखन टोला के लगे भइल बतावल जा रहल बा।

एह दर्दनाक हादसा में ऑटो पूरा तरे से चकनाचूर हो गइल। ऑटो में सवार आधा दर्जन लोगन के मवका पs जान चल गइल, जबकि दुगो लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल। घटना के बाद इलाका में अफरा-तफरी मच गइल।

सूचना मिलतही बिहटा थाना पुलिस दल-बल के संगे मवका पs पहुंचल, शवन के कब्जा में लेके घायलन के इलाज खातिर अस्पताल भेज देलस। पुलिस ट्रक के जब्त कs लेलस आ चालक के गिरफ्तार कs के ममिला के जांच-पड़ताल सुरू कs देलस।

एके परिवार के रहे सब यात्री

मृतकन के पहचान भोजपुर जिला के आरा, चिक टोली निवासी गुड्डू कुमार (33), मो. इम्तियाज उर्फ बुलेट (30), मो. सहजाद (22), दौलतपुर निवासी मो. शहजाद के तीन साल के बेटी शफना आ डेढ़ साल के बेटा मो. अस्फी के रूप में भइल बा। ओहिजा एगो घायल के इलाज के दौरान मौत हो गइल।

सूत्रन के मुताबिक ऑटो में सवार सब लोग एके परिवार के रहे। ई लोग अतवार के सबेरे मनेर दरगाह से उर्स मेला देख के आरा लवटत रहे लोग। लेखन टोला के लगे आरा के ओर से तेज रफ्तार में आ रहल बेलगाम ट्रक ऑटो में जबरदस्त टक्कर मार देलस, जवना से ई भयानक हादसा हो गइल।

Read Also: Gorakhpur Crime : गोरखपुर में GST अधिकारी बता 9.50 लाख रुपिया ले भगले बाइक सवार जालसाज, एगो गलती आ लाग गइल चूना

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.