Amitabh Thakur : पूर्व IPS अमिताभ ठाकुर के फेर बिगड़ल तबीयत, पेट में दरद होखला पs देवरिया मेडिकल कॉलेज में भइलें भरती

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 31, 2026

देवरिया। फर्जी ढंग से जमीन के किना-बेची के ममिला में जिला जेल में बंद पूर्व आईपीएस अमिताभ ठाकुर के तबीयत सनिचर के अचानक बिगड़ गइल। पेट में तेज दरद उठला के बाद उनका के आनन-फानन

Share

Former UP IPS Amitabh Thakur arrested by Deoria Police for not cooperating in investigation

देवरिया। फर्जी ढंग से जमीन के किना-बेची के ममिला में जिला जेल में बंद पूर्व आईपीएस अमिताभ ठाकुर के तबीयत सनिचर के अचानक बिगड़ गइल। पेट में तेज दरद उठला के बाद उनका के आनन-फानन में महर्षि देवरहा बाबा मेडिकल कॉलेज ले आवल गइल, जहां सर्जरी विभाग में भरती कs के इलाज चल रहल बा। डॉक्टर बतावल लो कि उनका एक हफ्ता से पेट में दरद रहे, जवना के कारण अपेंडिक्स हो सकेला।

बतावल जा रहल बा कि पूर्व आईपीएस अमिताभ ठाकुर बीतल एक हफ्ता से पेट दरद से परेसान रहस। जेल अस्पताल में डॉक्टर राहुल त्रिपाठी उनका के दवाई देले रहस, जवना से कुछ राहत मिलल। बाकिर सनिचर भोर में अचानक पेट में तेज दरद सुरू हो गइल, जवना से बेचैनी आ घबराहट बढ़ गइल।

हालत बिगड़त देख जेल डॉक्टर के बोलावल गइल। प्राथमिक इलाज के बाद डॉक्टर महर्षि देवरहा बाबा मेडिकल कॉलेज रेफर करे के सलाह देलें। एकरा बाद जेल के एंबुलेंस से उनका के मेडिकल कॉलेज ले आवल गइल, जहां सर्जरी विभाग के डॉक्टरन उनकर जांच कइल लाेग। हालत गंभीर देख डॉक्टरन तत्काल भरती कs देलें।

अमिताभ ठाकुर के नवीन ओपीडी के पहिला तल पs सर्जरी विभाग में बेड नंबर 50 पs भरती कइल गइल बा। डॉक्टर अल्ट्रासाउंड आ ब्लड जांच करावे के सलाह देले बा लोग। संगही अमिताभ ठाकुर मेडिकल कॉलेज में अपना सुरक्षा के मांग कइले बाड़ें।

Read Also: Agra Road Accident : कंटेनर दुगो ऑटो के मरलस टक्कर, पांच लोगन के मौत, घायलन के भेजल गइल इमरजेंसी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.