21 मार्च 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 21, 2026

दिनांक- 21/03/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग चैत्र शुक्ल पक्ष तिथि- तृतीया रात के 11 बजके 56 मिनट ले, ओकरा बाद चतुर्थी। दिन- सनिचर। अश्विनी नक्षत्र रात के 12 बजके 37 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 21/03/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

चैत्र शुक्ल पक्ष

तिथि- तृतीया

रात के 11 बजके 56 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्थी।

दिन- सनिचर।

अश्विनी नक्षत्र

रात के 12 बजके 37 मिनट ले,

ओकरा बाद भरणी नक्षत्र।

इन्द्र जोग

सांझ के 07 बजके 00 मिनट ले,

ओकरा बाद वैधृति जोग।

तैतिल करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 22/03/2026

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्थी

रात के 09 बजके 16 मिनट ले।

दिन- अतवार।

भरणी नक्षत्र

रात के 10 बजके 42 मिनट ले।

वैधृति जोग

दिन के 03 बजके 41 मिनट ले।

वणिज करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन उत्साह भरल रही। कामकाज में तरक्की के जोग बा। परिवार से सहजोग मिली। नया काम सुरू कइला से फायदा हो सकेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

धन संबंधी ममिला में सावधानी बरतीं। खरचा बढ़ सकेला। सेहत पs ध्यान दीं। परिवार में शांति बनल रही।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज बातचीत से काम बन सकेला। नौकरी आ बेयपार में लाभ के संकेत बा। संघतिया लोगन से मदद मिली।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

काम के दबाव बढ़ सकेला, बाकिर मेहनत रंग ले आई। परिवार में खुसी के माहौल रही। जतरा के जोग बा।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ल रही। नया अवसर मिल सकेला। आर्थिक इस्थिति मजबूत होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज सोच-समझ के फैसला लीं। जल्दबाजी नुकसान दे सकेला। स्वास्थ्य पs ध्यान देला के जरूरत बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

साझेदारी में फायदा हो सकेला। दांपत्य जिनगी अच्छा रही। पईसा के ममिला में सुधार होई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

कवनो पुरान समस्या के समाधान मिल सकेला। काम में सफलता मिली। विरोधी शांत रही।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य साथ दी। पढ़ाई आ करियर में तरक्की के जोग बा। नया संपर्क बनी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

काम में बदलाव के संकेत बा। परिवार के सहजोग से समस्या हल होई। धन लाभ हो सकेला।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

नया योजना पs काम सुरू कs सकेनी। सामाजिक मान-सम्मान बढ़ी। संघतिया लोगन से सहजोग मिली।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज भावनात्मक रूप से मजबूत रहेम। कामकाज में सफलता मिली। परिवार के संगे समय बिताईं।

Read Also : LNG Supply Crisis : कतर के LNG प्लांट पs हमला बढ़वलस भारत-चीन सहित कइयन देसन के टेंशन, पांच साल तक गैस सप्लाई पs रही असर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.