[the_ad_group id="30365"]

IPL 2026 : आरसीबी फैंस खातिर राहत, चिन्नास्वामी स्टेडियम में फेर होई मैच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। आईपीएल 2026 सुरू होखे से पहिले रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु (आरसीबी) के फैंस खातिर एगो बड़ राहत वाला खबर सामने आइल बा। रिपोर्ट के मोताबिक राज्य सरकार के ओर से बनावल विशेषज्ञ समिति एम चिन्नास्वामी स्टेडियम में आईपीएल मैच करावे के मंजूरी दे देले बा। अब आरसीबी आपन होम मैच फेर से एह मैदान पs खेल सकेला।

बतावल जा रहल बा कि आईपीएल 2026 में आरसीबी के कुल सात गो होम मैच तय बा। एमे से पांच मैच बेंगलुरु के चिन्नास्वामी स्टेडियम में खेलल जाई, जबकि बाकी दू मुकाबला रायपुर के शहीद वीर नारायण अंतराष्ट्रीय स्टेडियम में होई। आईपीएल के 19वां सीजन 28 मार्च से सुरू होखे जा रहल बा। ओपनिंग मुकाबला में आरसीबी के सामना सनराइजर्स हैदराबाद से हो सकेला।

का रहे पूरा ममिला

दरअसल, पिछिला सीजन आरसीबी पहिला बेर आईपीएल के खिताब जीतल रहे। एह ऐतिहासिक जीत के बाद बेंगलुरु में फैंस भारी जश्न मनवले रहे लाग। जब टीम ट्रॉफी लेके शहर पहुंचल, तs ओह लोगन के स्वागत खातिर हजारन लोग जुट गइल रहे।

टीम के सम्मान करे खातिर चिन्नास्वामी स्टेडियम में कार्यक्रम रखल गइल रहे, बाकिर कार्यक्रम से पहिले स्टेडियम के बाहर अचानक भगदड़ मच गइल। 4 जून 2025 के भइल एह हादसा में 11 लोगन के मौत हो गइल रहे, जबकि कइयन गो लोग घायल हो गइल रहे। एह घटना के बाद सुरक्षा इंतजाम के लेके बड़ सवाल उठल रहे।

सुरक्षा बेवस्था पs जोर

एह घटना के बाद कर्नाटक सरकार विशेषज्ञ समिति बनवले रहे। बाद में कर्नाटक स्टेट क्रिकेट एसोसिएशन (KSCA) के अधिकारी लोग समिति से मिल के स्टेडियम में कइल जा रहल नया सुरक्षा इंतजाम के पूरा जानकारी देलस। समिति के सामने मैच के दौरान भीड़ नियंत्रण, एंट्री सिस्टम आ इमरजेंसी प्लान के प्रस्तुति दिहल गइल।

आरसीबी प्रबंधन आ आयोजन से जुड़ल एजेंसी समिति के भरोसा देली से कि आईपीएल मैच सुरक्षित आ बेवस्थित तरीका से करावल जाई।

फाइनल मैच के मिली मेजबानी

बैठक के बाद विशेषज्ञ समिति अंतिम मंजूरी दे देलस। अब चिन्नास्वामी स्टेडियम में आरसीबी के पांच होम मैच खेलल जाई। आईपीएल नियमन के मोताबिक फाइनल मुकाबला एह मैदान पs हो सकेला।

हालांकि भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) अभी पूरा शेड्यूल जारी नइखे कइले, बाकिर अब साफ हो गइल बा कि आईपीएल 2026 में बेंगलुरु के चिन्नास्वामी स्टेडियम एक बेर फेर क्रिकेट के बड़ मुकाबला के गवाह बनी।

Read Also: Gorakhpur News :  मनुष्यता के बोध करावेला NSS- प्रो. अवनीश राय

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]